पुलीस के सर्वाधिक खोजी सूची मे रहल बब्लु पासवान पकडईलें

पुलीस के सर्वाधिक खोजी सूची मे रहल बब्लु पासवान पकडईलें

वीरगंज १७ बैशाख

अनेकन अपराधिक गतिविधि मे संलग्न रहल भारतीय नागरिक बब्लु पासवान के पुलीस पकडले बा । हत्या, अपहरण, हाथहथियार आ लागूऔषध के कारोबार मे संलग्न रहल पासवान के पुलीस सर्वाधिक खोजी के सूची मे खोजी करत रहे । पासवान के पुलीस वीरगंज मे पकडके सोमार के दिने सार्वजनिक कईले बा ।
सीमावर्ती भारतीय बजार रक्सौल निवासी पासवान सोमार के रात करिब ११ बजे के समय मे भारत से बीआर ०५ एल ६१३९ नम्बर के मोटरसाइकल मे लागू औषध तथा हाथहथियार के साथ वीरगंज ओरी आ रहल विशेष सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा प्रहरी परिचालन कईले रहे ।
पर्सा प्रहरी प्रवक्ता एवम् प्रहरी नायव उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा के मुताविक वीरगंज महानगरपालिका– १६ स्थित भुटनदेवी मन्दिर अगाडि सडकखण्ड मे उ नम्बर के मोटरसाइकल रोक के चेकजाँच करेके खोजला पर मोटरसाइकल मे सवार आदमी भागल रहलन । पुलीस दु राउण्ड गोली प्रहार करके नियन्त्रण मे लेहले रहे । पुलीस के नियन्त्रण मे अईला के बाद घायल आदमी बब्लु पासवान रहल खुलल रहे ।
प्रहरी नायव उपरिक्षक भी रहल थापा पुलीस पेस्तोल से चलावल गोली पासवान के बायाँ गोड मे ठेहुन के निचे लागल बतवनी । घायल पासवान के पुलीस नारायणी अस्पताल मे ईलाज कराके नियन्त्रण मे लेके आउर अनुसन्धान सुरु कईले बा ।
४५ बरीस के पासवान के खनतलासी कईला पर पुलीस मेड इन युएसए नं. ११ लिखल एक थान पेस्तोल, ओमे प्रयोग होखेवाला दु राउण्ड गोली, लागू औषध खैरो हिरोइन जईसन लउकेवाला पदार्थ ४९ ग्राम, ८ सय ८० ग्राम गाँजा बरामद कईल थापा बतवनी ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के मुताविक २०७३ जेठ १३ मे वीरगंज के उद्योगी सुरेश केडिया के वारा के महागढीमाई नगरपालिका– १ स्थित पसाहा पुल लगेसे अपहरण भईल रहे । उ अपहरण के मूख्य योजनाकार पासवान हि रहल अनुसन्धान मे संलग्न प्रहरी अधिकृत जनवले बाडन । एहितरे २०७९ कुवार ३ मे काठमाण्डु के गोठाटार निवासी लाल मोहमद के हत्या मे भी पासवान के संलग्ता रहल रहे ।
प्रहरी नायव उपरिक्षक थापा के मुताविक सीमावर्ती रक्सौल बजार मे रहके नेपाल मे पासवान छोटा हाथहथियार तथा लागू औषध कारोबार करेके, इहाँ के उद्योगी व्यापारी के डर धम्की देखाके असुली करेके आ नेपाली अपराधीलोग के उ भारत मे संरक्षण करत आईल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।