एमाले अभी कांग्रेस से गठबन्धन करके सरकार परिवर्तन करेके पक्ष मे नईखे : नेता पोखरेल
एमाले अभी कांग्रेस से गठबन्धन करके सरकार परिवर्तन करेके पक्ष मे नईखे : नेता पोखरेल

वीरगंज १८ बैशाख
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (एमाले) के वरिष्ठ उपाध्यक्ष ईश्वर पोखरेल देश आ जनता के पक्ष मे एमाले हरदम खडा होत अईला से एमाले उपर जनता के आस्था आ विश्वास आउर मजबुत रहल तथ्य अबगे पुरा भईल उपनिर्वाचन के परिणाम से पुष्टि कईल बतवले बानी ।
प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा वीरगंज के होटल भिस्वा मे मंगर के दिने आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे बोलत पूर्व उपप्रधानमन्त्री भी रहल पोखरेल नेपालीसब के स्वभिमान जोगावेके आ देश के समृद्धि एमाले मात्र करे सकेके दाबी करत उ कहनी, ‘राष्ट्रिय अखण्डता के रक्षा आ देश के समृद्धि एमाले बाहेक आउर राजनितिक दल से होखे ना सकि ।’
एमाले अभी कांग्रेस से गठबन्धन करके सरकार परिवर्तन करेके पक्ष मे ना रहल बबतवनी । ‘अभी हि एमाले कांग्रेस से मिलके ई सरकार परिवर्तन करेके पक्ष मे नईखे’ उ कहनी ।
माकिर एकरा से पहिले के कांग्रेस आ माओवादी बिच के अपवित्र गठबन्धन एमाले हि भसकावल बतावत ‘कांग्रेस आ माओवादी के गठबन्धन अपवित्र हि रहे । ओकरा के भसकावे खातिर एमाले पहिले से हि लागल रहे । अन्तत सफल भी भईल ।’
नेता पोखरेल देश के राष्ट्रिय स्वभिमान आ स्वतन्त्रता के रक्षा के खातिर पडोसी देश के गारी देके समस्या समाधान ना होखेके बतावत पडोसी के गारी देहला के बदले उलोग से आँख मे आँख मिला के बात करत समस्या के समाधान करेके चाहिं । प्रेस चौतारी नेपाल पर्सा के अध्यक्ष तुलसी भण्डारी के सभापतित्व मे भईल उ पत्रकार सम्मेलन मे नेकपा एमाले के केन्द्रिय सचिव तथा मधेस प्रदेश इन्चार्ज योगेश भट्टराई, पोलिटब्यूरो सदस्य अच्युत मैनाली, केन्द्रिय सदस्यलोग प्रभु हजरा, राजकुमार गुप्ता लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






