ट्रक मे गाँजा ढोवेवाला दु जने पकडईलें
ट्रक मे गाँजा ढोवेवाला दु जने पकडईलें

बारा १८ बैशाख
ट्रक मे लागूऔषध गाँजा ढुवानी करके तस्करी करेवाला दु जने के ट्रक सहित बारा मे पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे ट्रक के चालक मकवानपुर के मनहरी गाँवपालिका–२ स्थायी घर भईल अभी बारा के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर २ के ३२ बरीस के आकाश कहके दीपक कोइराला आ ट्रक मे सवार हेटौंडा–१३ पदमपोखरी के ३० बरीस के जीवन घलान रहल बाडन ।
बारा के रतनपुर से निजगढ ओरी जा रहल ना ५ ख ७५५२ नम्बर के ट्रक के निजगढ नगरपालिका–१० लालपार्कस्थित सडक मे सोमार के रात १०ः३० बजे पुलीस रोकके चेकजाँच कईले रहे ।
उ समय मे ट्रक मे ७ गो बडका पोका मे रहल दु क्वीन्टल १६ किलो गाँजा मिलला के बाद पुलीस ट्रक चालक कोइराला आ घलान दुनु के नियन्त्रण मे लेहल बारा के प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी । उ ट्रक भी नियन्त्रण मे लेहल गईल न्यौपाने बतवनी ।
गाँजा सहित पकडाईल दुनु जने के जिल्ला प्रहरी कार्यालय के हिरासत मे राखके आउर अनुसन्धान हो रहल प्रहरी नायब उपरीक्षक न्यौपाने जानकारी देहनी ।






