नेशनल मेडिकल कलेजद्धारा वीरगंज–२१ पटेलनगर मे निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर

नेशनल मेडिकल कलेजद्धारा वीरगंज–२१ पटेलनगर मे निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर

वीरगंज १९ बैशाख

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २१ पटेलनगर मे बुध के दिने बृहत निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर पुरा भईल बा । जीवन रेखा समाज ललितपुर आ नेशनल मेडिकल कलेज के संयुक्त आयोजना मे भईल शिविर मे ७ सय १९ जने के स्वास्थ्य परिक्षण कईल बा ।
पटेलनगर स्थित नेपाल राष्ट्रिय आधारभूत विद्यालय के परिसर मे आयोजना कईल शिविर मे १८७ जने पुरुष, १५७ जने जनानी आ ३७५ जने लईकालईकी करके ७ सय १९ के स्वास्थ्य परिक्षण कईला के साथे निःशुल्क दवाई भी बाँटल गईल शिविर के इन्चार्ज विकास गुप्ता जानकारी देहनी ।
शिविर मे जेनलल मेडिसिन, गाइनो, अर्थोपेडिक, दाँत, नाक, कान, घेँट, मुटु, छाला लगायत के समस्या के चेकजाँच कईल रहे । शिविर मे नेशनल मेडिकल कलेज के डाक्टर प्रवेज अन्सारी, डाक्टर प्रवीण साह, डाक्टर ओमप्रकाश पडित, डाक्टर अभिनाष सिंह, डाक्टर फिरोज अन्सारी, डाक्टर श्वाती साह, डाक्टर सन्जिव लगायत के चिकित्सक के टोली मरेजीलोग के स्वास्थ्य जाँच कईले रहे । शिविर के उदघाटन हिमाल डिष्टिलरी प्रालि के जेनरल म्यानेजर नवीन उपाध्याय कईले रहनी । शिविर मे नेशनल मेडिकल कलेज के प्रशासन अधिकृत शेख फिरोज लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।