एमाले पर्सा के अधिवेशन मे मारामारी, सचिव के उम्मेदवार पराग घायल
एमाले पर्सा के अधिवेशन मे मारामारी, सचिव के उम्मेदवार पराग घायल

वीरगंज २१ बैशाख
नेकपा एमाले पर्सा के उपाध्यक्ष सहित पदाधिकारी चयन के खातिर शुक के दिने होखेके कहल निर्वाचन मे विवाद भईला पर कार्यकर्ताबीच मारामारी भईल बा ।
वीरगंज स्थित अनमोल पार्टी प्यालेस मे एमाले कार्यकर्ताबीच मारामारी भईाल पर जिल्ला उपसचिव पद के उम्मेदवार रामकिशोर सिंह पराग घायल भईल बाडन । उनकर नेशनल मेडिकल कलेज मे ईलाज हो रहल बा ।
निर्वाचन मे धाँधली कईल कहत उपाध्यक्ष पद के उम्मेदवार लालबाबु शेख पक्षधर दिनके हि निर्वाचन समिति के कोठरी मे तालाबन्दी कईले रहलन । ओकरा बावजुद निर्वाचन समिति जबरजस्ती मतदान करावेके खोजला के बाद ओकर प्रतिवाद कईला पर कार्यकर्ता बीच मारामारी भईल सचिव पद के उम्मेदवार नवराज शर्मा बतवनी ।
अध्यक्ष मे निर्विरोध निर्वाचित भइल विश्वम्भर शर्मा पक्ष के लोग जबरजस्ती मतदान करावेके खोजला के बाद मारामारी भईल शर्मा बतवनी । इतर पक्ष के आउर नेतालोग उपर भी हाथपात भईल उ बतवनी ।
एने अध्यक्ष शर्मा पक्ष के लोग निर्वाचन समिति नियमसंगत प्रक्रिया पूरा करके निर्वाचन करावेके खोजला पर इतर पक्ष के कुछ कार्यकर्ता निर्वाचन समिति के कोठरी मे घुसके जबरजस्ती तोडफोड कईल बतवले बाडन । एमाले के वीरगंज महानगर सचिव सुन्दर कुर्मी कहनी, ’निर्वाचन समिति नियम आ विधि पूरा करके मतदान प्रक्रिया के खातिर तईयारी करत रहे । उहे समय सचिव के उम्मेदवार पराग सहित के समूह भितर घुसके जबरजस्ती करे लागला के बाद आक्रोशित कार्यकर्ता प्रतिवाद कईले रहलन । ओकरा बाद दुनु पक्षबीच धकेलाधकेल आ हाथपात भईल रहे ।’
कार्यकर्ता बीच मारामारी भईला के बाद निर्वाचन शनिचर तक के खातिर स्थगित कईल निर्वाचन समिति जनवले बा ।
एकरा से पहिले शुक के दिने उपाध्यक्ष पद मे उम्मेदवारी देहल लालबाबु शेख पक्षधर निर्वाचन प्रक्रिया मे धाँधली कईल कहत निर्वाचन समिति के कोठरी मे तालाबन्दी कईला के बाद मतदान सुरु ना होत स्थगित भईल रहे ।
कुछ पालिका मे नियम तुरके प्रतिनिधि छनोट कईल, जिल्ला सदस्य मे निर्विरोध निर्वाचित भइल आदमी फेनु पदाधिकारी मे उम्मेदवारी देहल, एक पक्ष के जितावे खातिर निर्वाचन समिति हि लागल कहत शेख पक्षधर नारबाजी करत मतपत्र लगायत के काजातसब राखल निर्वाचन समिति के कोठरी मे ताला लगवले रहे । जउना के चलते सबेरे ११ बजे से हि सुरु होखेके कहल मतदान सुरु ना होत स्थगित कईल रहे ।
वैशाख १७ से सुरु एमाले के ९ वाँ जिल्ला अधिवेशन से बियफे के दिने जिल्ला अध्यक्ष मे विश्वम्भर शर्मा के निर्विरोध चयन कईले बा । उपाध्यक्ष पद मे मनोज गुप्ता आ लालबाबु शेख, सचिव पद मे महेस दास आ नवराज शर्मा, उपसचिव खुला मे रामिकिशोर सिंह पराग, नविजान मियाँ अन्सारी आ इमरान हुसेन तथा उपसचिव महिला मे सीतादेवी लामा आ गीता देवी भण्डारी के उम्मेदवारी परल बा ।





