८७ लाख से बेसी के सामान सहित ट्रक पकडाईल
८७ लाख से बेसी के सामान सहित ट्रक पकडाईल

वीरगंज २६ बैशाख
पर्सा पुलीस राजश्व छली के आशंका मे ८७ लाख से बेसी के मालसामान सहित वीरगंज से एगो ट्रक पकडले बा ।
वीरगंज के ट्रान्सपोट से मालसामान लेके काठमाण्डु ओरी जा रहल ना ६ ख ३८६१ नम्बर के ट्रक के पुलीस वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ८ स्थित घण्टाघर मे रोकके चेकजाँच कईले रहे । उ समय ट्रक से भन्सार राजश्व छली के दवाई, कपडा लगायत के ८७ लाख ५० हजार ४१५ रोपेया मूल्य के सामान बरामद कईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा बतवनी ।
चेकजाँच के समय मे ट्रक के चालक से देखावल बीलबिजक आ भन्सार प्रज्ञापनपत्र से बेसी के सामान मिलला के बाद सामान सहित के ट्रक नियन्त्रण मे लेके जरुरी कारबाही के खातिर वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल थापा बतवनी ।






