मोटरसाइकल चोराके भाग रहल छपकैया के दु युवक पकडईलें
मोटरसाइकल चोराके भाग रहल छपकैया के दु युवक पकडईलें

वीरगंज २९ बैशाख
वीरगंज से पर्सा पुलीस चोरी के मोटरसाइकल लेके भारत ओरी भाग रहल दु जने चोर के पकडले बा । पकडाएवाला मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २ छपकैया के २० बरीस के शेख गुफरान आ शेख असरफ बाडन ।
पुलीस के मुताविक बितल मंगर के दिने छपकैया के अब्दूल कौशर आलम ना६प ५४७५ नम्बर के मोटरसाइकल आपन घर के आँगन मे पार्किङ करके राखल अवस्था मे चोरी भईल रहे ।
चोरी भईल उ मोटरसाइकल वडा प्रहरी कार्यालय वीर्ता खोजी करेके समय मे शुक के दिने शेखद्वय चोरी के मोटरसाइकल लेके वीरगंज–रक्सौल नाका के मितेरी पुल होत भारत जारहल अवस्था मे खोजके नियन्त्रण मे लेहल प्रहरी निरीक्षक पुष्कर बोगटी जानकारी देहनी ।
चोरी के मोटरसाइकल सहित उलोग के साथ से अनेकन जगहा से चोरी कईल इरिक्सा के चार्जर १ थान, ओमे लागेवाला क्वायल रोल २ थान, टावर लाइट के ब्याट्री राखेवाला लोहाके बाकस १ थान आ ब्याट्री के खोल १० थान भी बरामद कईल बोगटी जानकारी देहनी ।
चोरी के मोटरसाइकल आ उ सामान सहित पकडल गईल दुनु जने के वडा प्रहरी कार्यालय वीर्ता के हिरासत मे राखके आउर अनुसन्धान हो रहल बोगटी जानकारी देहनी ।





