हरिहपुर वीर्ता के एक लईकी उपर बलात्कार, पुलीस जाहेरी दर्ता ना कईलख : पिडित

हरिहपुर वीर्ता के एक लईकी उपर बलात्कार, पुलीस जाहेरी दर्ता ना कईलख : पिडित

वीरगंज २९ बैशाख

पर्सा जिल्ला के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. ३ हरिहपुर वीर्ता के १३ बरीस के लईकी के उनकरे पडोस के ५० बरीस के बनारसी महतो केवट वैशाख २२ गते शनिचर के रात बलात्कार कईल घटना शनिचर के दिने सार्वजनिक भईल बा ।
वैशाख २२ गते रात ११.३० बजे ओरी आपन आंगन मे रहल चापाकल मे पानी लेवे खातिर घर से बाहर निकलल समय पडोसी केवट मुख बन्द करके बाँसघारी मे लेजाके नशालु पदार्थ सुंघाके बेहोश बनाके बलात्कार कईल पीडित लईकी बतवले बाडि ।
पीडित कहल गईल लईकी के बाबु के मुताविक वैशाख २२ गते पानी लेवे खातिर घर बाहर निकलल उ लईकी के पडोसी के जनानीलोग वैशाख २३ गते भोरमे बाँसघारी मे बेहोस अवस्था मे देखके खबर कईले रहलन । उ खबर मिलला पर बाँसघारी मे पुगला पर बेटी अर्धनग्न अवस्था मे बेहोस मिलल पीडित लईकी के बाबु बतवलन । ओकरा बाद घर मे लियाके घरेलु ईलाज कईल आ होस अईला के बाद रोवत बेटी हमरा सँगे केवट से कईल दुष्कर्म के बारे मे सविस्तार बतावल उ बतवनी ।
पीडित कहल गईल लईकी आपन बाबु के बतावल मुताविक रात के पानी लेवे खातिर आँगन के चापाकल मे गईल समय पछाडि से आईल केवट मुह बन्द करके बाँसघारी मे लेगईल रहलन । बाँसघारी मे पुगईला के बाद केवट लईकी के हाथ आ गोड आपन गम्छा से बान्हके मुह मे रुमाल कोचके करणी करेके खोजला पर लईकी चिच्याके प्रतिवाद कईले रहनी । केवट जेभी से नशालु पदार्थ निकालके लईकी के नाक मे सुँघाके बेहोस बनवले रहलन ।
घटनाबारे आरोपित केवट के घर मे वैशाख २३ गते सबेरे हमनीसब पुगके पुछपाछ कईला पर केवट खुद बलात्कार कईल स्वीकार करत १ लाख रोपेया लेके चुपचाप रहेके धम्की भी देहल पीडित कहल लईकी के बाबु बतवनी । उ कहनी, ‘केवट तोहनी छोट जात के हव, कुछ करे ना सकब हमनी के । हमर पहुँच बडका नेतालोग से बा । हमर बात ना मानला पर तोहर बेटी के भारत मे लेजाके बेंच देम । आ तोहनी के भी मारके बिग देम कहके धम्कवनी ।’
आरोपित केवट पहिले से अपराधिक गतिविधि मे संलग्न आदमी रहल आ अपहरण तथा ज्यान मारेवाला मुद्दा मे १० बरीस जेल सजाय काटके छुटल आदमी रहला के चलते उनकर डर आ लोकलाज के कारण से भी एक दु दिन घटना लुकाके राखल पीडित कहल लईकी के बाबु बतवनी । माकिर, आरोपित केवट से लगातार धम्की आवे लागला के बाद बितल मंगर के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे जाहेरी दरखास्त लेके पुगला पर भी पुलीस अभी तक जाहेरी दर्ता हि ना कईल दुखेसो सुनवनी ।
उ कहनी, ‘अपराधि अभी तक पकडाईल नईखन । एने पुलीस मे चार दिन से हरदम दउड रहल बानी । माकिर, पुलीस जाहेरी दर्ता करे खातिर आलटाल कर रहल बा ।’ उ पुलीस से जाहेरी दर्ता करेके आ हमर बेटी सँगे दुष्कर्म कईल केवट के तत्काल पकडके कारबाही करेके बतवनी ।
एने जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा कहनी, पीडित कहल गईल लईकी आ जाहेरी लेके आवेवाला उनकर बाबु के बयान फरक परला से पुलीस जाहेरी दर्ता ना कईल बतवनी । स्वास्थ्य परीक्षण के खातिर लईकी के शुक के दिने नारायणी अस्पताल मे पठावल कहत, ‘परीक्षण के रिपोर्ट अईला के बाद ओकर आधार मे पुलीस जाहेरी दर्ता करी ।’ आरोपित कहल गईल केवट घट्ना भईल समय से घर छोडके फरार रहल उ बतवनी । फरार रहल उनका के पुलीस खोजी कर रहल थापा बतवनी । उल्था अन्नपूर्ण

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।