८१ लाख से बेसी के सामान सहित ट्रक पकडाईल

८१ लाख से बेसी के सामान सहित ट्रक पकडाईल

वीरगंज ३१ बैशाख

पर्सा पुलीस बिलबिजक से बेसी के सामान लोड रहल एगो ट्रक वीरगंज से पकडाईल बा । करिब ८१ लाख रोपेया के सामान लेके वीरगंज से काठमाण्डु जा रहल ना ५ ख ३०२८ नम्बर के ट्रक पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २१ हनुमान मन्दिर चोक लगे एतवार के रात पुलीस उ ट्रक रोकके चेकजाँच कईले रहे । उ समय मे ट्रक मे बिलबिजक से बेसी परिणाम के हार्डवेयर तथा खुद्रा सामानसब मिलला के बाद राजश्व छली के आशंका मे उ ट्रक नियन्त्रण मे लेहल गईल पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा जानकारी देहनी । ट्रक से ८१ लाख ५६ हजार ९४३ रोपेया मूल्य के सामान बरामद कईल उ बतवनी । सामान सहित नियन्त्रण मे लेहल गईल उ ट्रक आउर अनुसन्धान तथा जरुरी कारबाही के खातिर सोमार के दिने राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया मे बुझावल गईल जानकारी थापा देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।