भव्य समारोह के बीच पर्सा पूर्ण खोपयुक्त जिल्ला घोषणा

भव्य समारोह के बीच पर्सा पूर्ण खोपयुक्त जिल्ला घोषणा

वीरगंज ०३ जेठ

८ बरीस के लगातार प्रयास के बाद पर्सा के पूर्ण खोपयुक्त जिल्ला घोषणा कईल बा । बियफे के दिने वीरगंज मे औपचारिक कार्जक्रम आयोजना करके पूर्ण खोपयुक्त जिल्ला घोषणा कईल बा । मधेस प्रदेश के स्वास्थ्य मन्त्रालय के सचिव डाक्टर प्रमोद यादव पर्सा के पूर्ण खोपयुक्त जिल्ला घोषणा कईनी ।
पर्सा मे पूर्ण खोपयुक्त कार्जक्रम २०७३ वैशाख से सुरु कईल रहे । लक्ष्य मुताविक सन् २०१७ भितर पर्सा जिल्ला के पूर्ण खोपयुक्त जिल्ला घोषणा करेके रहे । माकिर उ समय मे भी होखे ना सकला के बाद बेर–बेर म्याद थपत काम होत अईला मे बियफे के दिने पर्सा जिल्ला के पूर्ण खोपयुक्त जिल्ला घोषणा कईल स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख डाक्टर मुक्ति नारायण साह बतवनी । अब मधेस प्रदेश के आठ मेसे रौतहट, धनुषा आ महोत्तरी पूर्ण खोपयुक्त जिल्ला घोषणा होखेके बाँकी रहल जनस्वास्थ्य अधिकृत जयमोद ठाकुर बतवनी ।
ठाकुर के मुताविक, जिल्ला के जन्मल से १५ महिना उमिर समूह के सभी लईकालईकी एगो भी खोप ना छुटाके सभी खोप लगावल अवस्था मे उ जिल्ला के पूर्ण खोप घोषणा करेके कहल गईल बा ।
बियफे के दिने पर्सा के पूर्ण खोप जिल्ला घोषणा के खातिर आयोजना कईल कार्जक्रम के अध्यक्षता जिल्ला खोप समन्वय समिति के अध्यक्ष तथा जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के प्रमुख अजय सर्राफ कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे प्रदेश स्वास्थ्थ्य निर्देशनालय के निर्देशक डाक्टर राजिव झा, जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के उपप्रमुख पुरन कुर्मी, पर्सागढी नगरपालिका के मेयर गोकर्ण पाठक, पोखरिया नगरपालिका के मेयर प्रधुमन चौहान, पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी दिनेश सागर भुसाल, गैर सरकारी संस्था महासंघ पर्सा के अध्यक्ष छठु साह, वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मातृका भट्टराई, जिल्ला खोप समन्वय समिति के सदस्य जसपाल सिंह, जिल्ला के १४ गो पालिका के उपप्रमुख, स्वास्थ्य शाखा प्रमुख लगायत के भी उपस्थिती रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।