वर्तमान अवस्था मे मिडिया के भुमिका आ चुनौती विषय मे बतकही कार्जक्रम पुरा

वर्तमान अवस्था मे मिडिया के भुमिका आ चुनौती विषय मे बतकही कार्जक्रम पुरा

प्रभु यादव

बारा १४ जेठ

बारा के कलैया मे वर्तमान अवस्था मे मिडिया के भुमिका आ चुनौती विषय मे बतकही कार्जक्रम बारा उधोग बाणिज्य संघ मे सम्पन्न भईल बा । नेपाल प्रेस युनियन के ३३ वां स्थापना दिवस के अवसर मे आयोजना कर के बतकही कार्जक्रम सम्पन्न भईल रहल रहे ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि नेपाल प्रेस युनियन के मधेश प्रदेश अध्यक्ष सत्यप्रकाश श्रेष्ठ नेपाल पत्रकार महासंघ के सदस्यता के जलदी से जलदी समस्या समधान होखे के परल ओझेल मे ना राखेके परल बतावले बानी । मधेश प्रदेश मे नेपाल पत्रकार महासंघ मे सदस्यता विवाद ना हटवाला से सदस्यता संख्या घट रहल बतावले बानी । गणतन्त्र के बरियार बनावेके पडल नेता आ पार्टी सब धराप मे पारहल श्रेष्ठ बतावले बानी ।
नेपाल प्रेस युनियन के केन्द्रीय सदस्य गणेश रिजाल लोकतन्त्र के सच्चा पहरेदार भईल संस्था के सदस्य रहल बतावले बानी । नेपाल पत्रकार महासंघ के सदस्यता मे जालझेल कईल होई तब कवनो सहकार्य ना कर के जेठ २६ गते चुनाव ना होई सदस्य रिजाल बतावले बानी । प्रेस युनियन के नियम मान्यता से बाहर जाके केहु सदस्य लोग कवनो काम ना करी रिजाल बतावले बानी ।
नेपाल पत्रकार महासंघ बारा शाखा के अध्यक्ष रेसम तिवारी, नेपाल पत्रकार बारा शाखा के पूर्व अध्यक्ष गुरु गौतम, शिवशंकर मिश्रा, मधेश प्रदेश सचिव संतोष पाण्डे, पूर्व अध्यक्ष रविन्द्र सिंह, रामेश्वर मेहता, नेपाल पत्रकार महासंघ बारा के पूर्व उपाध्यक्ष राकेश पाण्डे, पवन यादव, नेपाल प्रेस युनियन मधेश प्रदेश के सल्लाहकार सिकेन्द्र पासवान, निवेश तिमिल्सिना, नेपाल पत्रकार महासंघ बारा के पूर्व सचिव जयनारायण यादव, प्रेस युनियन के अगाडि बढावेला सभे के सल्लाह देहले रहनी कार्जक्रम मे आईल लोग के स्वागत संदिप प्रसाद यादव रहल रहे ।
नेपाल प्रेस युनियन के पूर्व अध्यक्ष रविन्द्र सिह, नेपाल पत्रकार महासंघ बारा शाखा के पूर्व अध्यक्ष गुरु गौतम, नेपाल प्रेस युनियन के केन्द्रीय सदस्य गणेश रिजाल, नेपाल पत्रकार महासंघ के अध्यक्ष रेशम तिवारी, नेपाल प्रेस युनियन मधेश प्रदेश के अध्यक्ष सत्यप्रकाश श्रेष्ठ, सचिव संतोष पाण्डे, सदस्य सजिव मिश्रा, गिरीराज ओली सदस्य पवन यादव के माला टीका लगा के दोसाला ओढा के नेपाल प्रेस युनियन के बारा अध्यक्ष श्यामबाबु यादव समानित कईले रहनी ।
अध्यक्ष यादव के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम के संचालन सचिव राजेश कुशवाहा के रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।