बजेट के आकार १८ खरब ६० अरब ३० करोड
बजेट के आकार १८ खरब ६० अरब ३० करोड

काठमाण्डु १५ जेठ
सरकार १८ खरब ६० अरब ३० करोड रोपेया के बजेट सार्वजनिक कईले बा । अर्थमन्त्री वर्षमान पुन संसद के संयुक्त बईठक मे आवेवाला आर्थिक बरीस (आव) २०८१÷८२ के खातिर चालु आव के बराबरी मे ६.२ प्रतिशत से बडका बजेट लियवले बाडन ।
ई संशोधित बजेट से २१.५६ प्रतिशत बहुते ह । ई बरीस सरकार १७ खरब ५१ अरब ३१ करोड के बजेट लियवले रहे । सरकार चालु बजेट ११ खरब ४० अरब ६६ करोड विनियोजन कईले बा । ई कुल विनियोजन के ६१.३१ प्रतिशत ह ।
पूँजीगत ओरी ३ खरब ५२ अरब ३५ करोड विनियोजन भईल बा । ई कुल बजेट के १८.९४ प्रतिशत ह । वित्तीय व्यवस्था ओरी ३ खरब ६७ अरब १८ करोड विनियोजन भईल बा । ई कुल बजेट के १९.७४ प्रतिशत ह । ई बरीस सरकार से प्रदेश आ स्थानीय तह मे ४ खरब ८ अरब २७ करोड रोपेया हस्तान्तरण करत बा । पिछिलका बरीस ४ खरब ८ अरब रोपेया हस्तान्तरण भईल रहे ।
खर्च बेहोरेवाला स्रोत ओरी राजस्व से सरकार १२ खरब ६० अरब ३० करोड संकलन करेके लक्ष्य रखले बा । ई बरीस राजस्व १२ खरब ४८ अरब ६२ करोड संकलन के लक्ष्य रखले बा ।
आन्तरिक कर्जा से ३ खरब ३० अरब संकलन करेके लक्ष्य रहल बा । वैदेशिक कर्जा से २ खरब १७ अरब ६७ करोड आ वैदेशिक अनुदान से ५२ अरब ३३ करोड जुटावेके अर्थ मन्त्री वर्षमान पुन जानकारी देहनी ।
[5/29, 01:31] Ajay Ncell: १ जनानी सहित २८ जने कईलें खुनदान
भोटा. संवाददाता÷
वीरगंज १५ जेठ,
वीरगंज मे मंगर के दिने आकस्मिक खुदनान कार्जक्रम आयोजना कईल बा । उ कार्जक्रम मे १ जनानी सहित २८ जने खुनदान कईले बाडन ।
गणतन्त्र दिवस के अवसर मे नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा रक्तसञ्चार केन्द्र वीरगंज मे आयोजना कईल आकस्मिक खुनदान कार्जक्रम मे १ जनानी सहित २८ जने खुनदान कईले बाडन ।
खुदान करेवाला मे कुसुम पोदार, बलिराम महतो, आलोक कुमार, विवेक राउत, सुमित पटेल, संजÞय पाण्डे लगायत के रहल नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा शाखा के सदस्य शिवनाथ यादव बतवनी ।
कार्जक्रम मे रेडक्रस सोसाइटी पर्सा के सभापति वीरेन्द्रराज कँडेल, उपसभापति मधु राणा, सदस्य शिवनाथ यादव लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






