१३ लाख नक्कली रोपेया सहित बारा मे चार जने पकडईलें
१३ लाख नक्कली रोपेया सहित बारा मे चार जने पकडईलें

प्रभु यादव
बारा १६ जेठ
बारा पुलीस नक्कली नेपाली रोपेया सहित चार जने के पकडले बा । बारा सिम्रौनगढ नगरपालिका–९ कचोर्वास्थित छोटका बसवरीया आ बडका बसवरीया से पुलीस १३ लाख १६ हजार नक्कली रोपेया सहित एक भारतीय आ तीन नेपाली नागरिक के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे बारा कोल्हवी नगरपालिका–६ के २५ बरीस के राजन चौधरी, वार्ड नं. ५ के १९ बरीस के आकाश चौधरी, रौतहट राजपुर नगरपालिका वार्ड नं. १ के १९ बरीस के मोहनकुमार साह आ भारत बिहार के मोतिहारी थाना झौखर पञ्चायत कबैया ग्राम खरसलवा ७ के ४० बरीस के महमद आलम बाडन । तीन जने के छोटका बसबरिया आ एक भारतीय नागरिक के बडका बसबरिया से पकडल बारा के प्रहरी प्रवक्ता एवं प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी ।
पकडाईल तीन जने से सात लाख सात हजार नक्कली रोपेया बरामद कइल बारा के प्रहरी उपरीक्षक महेन्द्र खड्का जानकारी देहनी । उलोग से प्रयोग कईल ना३४प ३५१२ आ बिआर ०६ ए डब्लु २७५८ नम्बर के दु गो मोटरसाइकल भी पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।
भारतीय नागरिक आलम के पुलीस बारा सिम्रौनगढ नगरपालिका ९ बडका बसवरीया से साइकल मे आ रहल अवस्था मे नियन्त्रण मे लेहल प्रहरी उपरीक्षक खड्का पत्रकार सम्मेलन मे बतवनी । आलम के साथ से ६ लाख ९ हजार नक्कली नेपाली रोपेया मिलल बा ।
पकडाईल चार जने उपर जरुरी कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल बारा पुलीस जनवले बा ।





