एसईई के रिजल्ट असाढ दुसरका हप्ता भितर सार्वजनिक करेके तईयारी

एसईई के रिजल्ट असाढ दुसरका हप्ता भितर सार्वजनिक करेके तईयारी

काठमाण्डु १८ जेठ

राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) के रिजल्ट असाढ दुसरका हप्ता भितर सार्वजनिक करेके तईयारी कईले बा । परीक्षा नियन्त्रण कार्यालय (किलास १०) अभी विद्यार्थी के उत्तरपुस्तिका परीक्षण तथा संपरीक्षण के काम पुरा करके इन्ट्री तथा टेबुलेसन के काम कर रहल जनवले बा । परीक्षा नियन्त्रक नन्दलाल पौडेल अभी के प्रगती मुताविक असाढ दुसरका हप्ता भितर नतिजा सार्वजनिक करे सकेके बतवनी । उ कहनी ‘अभी तक के हमनी के कार्य प्रगति मुताविक असाढ दुसरका हप्ता भितर नतिजा निकालल जा सकता कहके लागल बा ।’ २०८० चईत १५ गते से २७ गते तक सञ्चालन भईल एसईई परीक्षा मे ५ लाख से बेसी परीक्षार्थी सहभागी भईल रहलन । बोर्ड ई बरीस के एसईई परीक्षा माध्यमिक शिक्षा पाठ्यक्रम २०७८ मुताविक सञ्चालन कईले रहे, जउना मे १०० पूर्णाङ्क भईल विषय उत्तीर्ण करे खातिर सैद्धान्तिक ओरी मात्र न्यूनतम ३५ अंक लियावेके बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।