आँधी से पोल गिरला के बाद विद्युत् आपूर्ति बन्द

आँधी से पोल गिरला के बाद विद्युत् आपूर्ति बन्द

रौतहट १८ जेठ

रौतहट के चन्द्रपुर नगरपालिका मे बियफे के रात के हावाआँधी से पोल गिरके विद्युत् आपूर्ति बन्द भईल बा । ट्रान्सफर्मर सहित के पोल गिरला के बाद समाचार तईयार करे तक विद्युत् आपूर्ति बन्द रहल जनावल गईल बा । हावाआँधी से छाना उडईला पर एक जने घायल भईल बाडन ।
विद्युत् प्राधिकरण चन्द्रनिगाहपुर शाखा के प्रमुख धिरेन्द्र यादव के मुताविक तेज गति के हावाहुरी से चन्द्रनिगाहपुर के देउराली चोक आ बजार क्षेत्रआसपास मे करिब २७÷२८ गो पोल गिरल बा । ‘गिरल पोल बदलेके काम हो रहल बा । अभी ई क्षेत्र मे विद्युत् आपूर्ति बन्द बा,’ उ कहनी, ‘ट्रन्सफर्मर सहित के पोल गिरला से अभी कुछ समय लाग सकता ।’
आँधी से छाना उडइला पर चन्द्रपुर–५ के रुपनारायण चौधरी घायल भईल बाडन । अभी चन्द्रनिगाहपुर स्थित ट्रमासेन्टर अस्पताल मे ईलाज करा रहल चौधरी के छाना के टिना से लागके नाक के हडी टुटल बा ।
अस्पताल के कर्मचारी साजन राना के मुताविक घायल चौधरी के ईलाज हो रहल बा । गर्मी से जनजीवन प्रभावित हो रहल समय विद्युत् आपूर्ति ना भईला से आउर समस्या मे परल स्थानीय पुजन सत्याल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।