दु करोड से बेसी के भन्सार ना तिरके लियावल मालसामान पकडाईल

दु करोड से बेसी के भन्सार ना तिरके लियावल मालसामान पकडाईल

वीरगंज १८ जेठ

पर्सा पुलीस भन्सार ना तिरके लियावल बहुते परिमाण के मालसामान अनेकन जगहा से बरामद कईले बा ।
विशेष सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय से खटल टोली करिब दु करोड एक लाख ४९ हजार एक सय ४७ रोपेया बराबर के दवाई, खुद्रा तथा हार्डवेयर आ थारो भैंसी, पाडा आ पाडीसब बरामद कईले बा ।
शुक के दिने ३ बजे के समय मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं २१ परवानीपुर चोकस्थित सडकखण्ड से १ करोड १५ लाख एक सय ४७ रोपेया बराबर के दवाई तथा खुद्रा सामानसब पकडके राजस्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया मे बुझवले बा ।
एहितरे बियफे के दिने बहुदरमाई नगरपालिका– ५ डकैला बहुअरी स्थित सडकखण्ड मे भारत से भन्सार छली चोरी पैठारी करके लियावल थारो भैंसी, पाडा तथा पाडी भी करके चार लाख ३४ हजार रोपेया बराबर के २८ गो भैंसी तथा पाडापाडी शुक के दिने वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल डिएसपी केशर कुमार न्यौपाने जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।