योग्यता ना भईल आदमीसब पत्रकारिता पेशा के गरिमा घटा रहल : प्रदेशसभा सदस्य पटेल
योग्यता ना भईल आदमीसब पत्रकारिता पेशा के गरिमा घटा रहल : प्रदेशसभा सदस्य पटेल

वीरगंज १८ जेठ
कृष्ण मिडिया नेटवर्क प्रालिद्वारा सञ्चालित आदर्श डेली अनलाईन के शुक के दिने तिसरका बार्षिकोत्सव एक कार्जक्रम के बीच पुरा भईल बा ।
क्लासिक बैंकट हल वीरगंज मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि मधेश प्रदेससभा सदस्य श्याम पटेल योग्यता ना भईल आदमीसब पत्रकारिता पेशा मे लागला से एकर गरिमा घटत गईल बतवनी ।
पत्रकारिता पेशा समाज के ऐना भईला पर भी पिछिलका समय व्यावसायिक पत्रकारिता के कमी भईल चर्चा करत प्रमुख अतिथि पटेल व्यावसायिक पत्रकारिता से भी कउनो आदमी के पक्ष आ विपक्ष मे लिखेवाला के चलते सिंगो पत्रकारिता के साख घटत गईल बतवनी ।
एहितरे सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष जसवन्त यादव पत्रकारलोग वास्तविक आ तथ्य सहित लिखे खातिर सुझाव देहले रहनी । व्यावसायिक पत्रकारिता के पक्ष मे हम बानी कहत उ केहु के विरोध मे लिखला पर समाज से विश्वास करेवाला किसिम से लिखे खातिर सल्लाह देहनी ।
जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के राजनीति समिति सदस्य सुरेन्द्र कुर्मी अभी के प्रतिस्पर्धा मे भ्रष्टाचार के दौड चल रहल बतावत एकर अन्त्य के खातिर पत्रकारलोग से आवाज उठावेके बतवनी । पत्रकारिता क्षेत्र मे परिवर्तन भईला पर राज्य के तीन गो अंग मे भी परिवर्तन आवेके आ पुरे समाज आ देश मे बदलाव आवेके बतवनी ।
कृष्णा मिडिया नेटवर्क प्रालि के अध्यक्ष कृष्णा यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा एमाले के केन्द्रीय सल्लाहाकार समिति सदस्य शिव पटेल, राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी पर्सा के संयोजक हरि पन्त, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष अनुप तिवारी, प्रेस सेन्टर नेपाल के केन्द्रिय सदस्य नीरज पिठाकोटे मगर, जिल्ला अध्यक्ष दीपक गौतम, प्रेस चौतारी पर्सा के अध्यक्ष तुलसी भण्डारी, ब्रोडकाष्टिङ एशोसिएसन नेपाल के मधेश प्रदेश संयोजक आशिक अन्सारी, जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के उपप्रमुख पुरन कुर्मी लगायत के लोग शुभकामना देहले रहनी ।
कार्जक्रम मे अनलाईन के कर्मचारी आ सहजोग करेवाला अनेकन संघ संस्थासब के सम्मान कईल रहे । कार्जक्रम के सञ्चालन सूर्य नारायण बिक कईले रहनी ।






