सप्तरी घटना मधेश के प्रदेश मामिला समिति छानबिन करी
सप्तरी घटना मधेश के प्रदेश मामिला समिति छानबिन करी

जनकपुरधाम २१ जेठ
सप्तरी के राजविराज मे कृषि विश्व विद्यालय के भवन शिलान्यास के समय मे बितल ८ माघ २०८० मे भईल घटना मधेश प्रदेशसभा के प्रदेश मामिला समिति से छानबिन करेके भईल बा ।
उपेन्द्र यादव उ भवन के शिलान्यास कईल कार्जक्रम मे जनमत पार्टी के कार्यकर्ता विरोध जनईला पर तत्कालिन शिक्षामन्त्री तथा जनमत के सांसद महेशप्रसाद यादव उपर पुलीस बल प्रयोग कईले रहे ।
जनमत पार्टी उ घटना के संसदीय छानबिन करेके माग करत आईल रहे । सोमार के प्रदेशसभा बईठक मे सभामुख रामचन्द्र मण्डल उ घटना छानबिन के जिम्मा प्रदेश मामिला समिति के देहल जानकारी करवनी । बितल वैशाख ४ गते चउथका बेर मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव विश्वास के मत लेवेके समय प्रदेशसभा मे भईल तोडफोड घटना भी उहे समिति छानबिन करेके भईल बा । सोमार के दिने बईठल मधेश प्रदेशसभा के तिसरका अधिवेशन के पहिलका बईठक भी जनमत अवरुद्ध कईला के बाद सभामुख १० मिनेट के खातिर स्थगित कईले रहलन ।
ओकरा बाद दुनु घटना के छानबिन प्रदेश मामिला समिति मार्फत करे खातिर दलसब सहमत र्भल बाडन । एकरा सँगे मधेश प्रदेश सभा के गतिरोध हटल बा ।
मधेश प्रदेशसभा मे एकीकृत समाजवादी के नेता रत्नेश्वर गोइत सभापति रहल प्रदेश मामिला समिति बा । ई समिति मे कउनो दल के प्रतिनिधि ना रहला मे समावेश करेके सभामुख मण्डल बतवनी ।





