मधेश मे मन्त्रालय भागबन्डा ना मिलला पर मुख्यमन्त्री के दाबी पेश करेमे देरी
मधेश मे मन्त्रालय भागबन्डा ना मिलला पर मुख्यमन्त्री के दाबी पेश करेमे देरी

जनकपुरधाम २४ जेठ
मन्त्रालय भागबण्डा ना मिलला पर मधेश के मुख्यमन्त्री मे दाबी पेश करेमे देरी भईल बा । नेकपा एमाले, माओवादी आ एकीकृत समाजवादी जनमत पार्टी के नेतृत्व मे सरकार बनावेके सहमत भइल बाडन ।
जनमत पार्टी प्रदेश सांसद सतिश सिंह के मुख्यमन्त्री बनावेके निर्णय कईले बा । माकिर, मन्त्रालय भागबण्डा के विषय मे बियफे के दिने सबेरे ११ बजे से दलसब बीच भइल छलफल निष्कर्ष मे पुगे नईखे सकल । बईठक मे सहभागी एमाले संसदीय दल के नेता सरोजकुमार यादव के मुताविक नेकपा एकीकृत समाजवादी तीन गो मन्त्रालय मे दाबी कईला के बाद बात मिले ना सकल जनावल बा ।
दलसब बीच बियफे के दिने हि मुख्यमन्त्री मे दाबी पेश करेके सहमति भईल रहे । एमाले नेता यादव बियफे के रात तक भईला पर भी मुख्यमन्त्री मे दाबी पेश करेके बतवले रहनी ।
सत्ता गठबन्धन के समर्थन कईल १–१ सिट रहल नागरिक उन्मुक्ति पार्टी नेपाल आ नेपाल संघीय समाजवादी पार्टी भी १–१ गो मन्त्रालय के दाबी कर रहल बाडन । दुनु दल के राज्यमन्त्री देके मनावेके प्रयास मे बडका दलसब बाडन ।
एमाले, जनमत आ माओवादी केन्द्रबीच भागबन्डा करिब मिल चुकल बा । मधेश मे मुख्यमन्त्री बाहेक ११ मन्त्रालय बा । एमाले ४, जनमत, माओवादी केन्द्र २–२ जने लेवेके मौखिक सहमति करिब करिब भइल एक सांसद बतवनी । एकीकृत समाजवादी के दु मन्त्रालय मे चित्त बुझावेमे तईयार नईखे ।






