चिडियाखाना के जमिन अतिक्रमण
चिडियाखाना के जमिन अतिक्रमण

वीरगंज २६ जेठ
पर्सा के वीरगंज महानगरपालिका–३२ रामवन मे निर्माणाधीन चिडियाखाना व्यवस्थित करे लागल बा । चिडियाखाना के घेरबार करेके काम बितल बा । करिब ५० हेक्टर क्षेत्रफल मे निर्माण करे लागल उ चिडियाखाना के घेरबार के काम ६० प्रतिशत पुरा भईल बा ।
पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज के प्रमुख संरक्षण अधिकृत रामचन्द्र खतिवडा के मुताविक उ प्राकृतिक चिडियाखाना के जमिन अतिक्रमण मे परल बा । कुछ स्थानीय से जमिन अतिक्रमण कईल उ बतवनी । ’एकरा से चिडियाखाना के घेरबार करेके काम प्रभावित भईल बा’, कहत उ, ’सरोकारवाला निकाय से समन्वय करके काम अगाडि बढावेके योजना बनावल गईल बा ।’ चिडियाखाना रु एक अरब सात करोड के लागत मे निर्माण करे लागल बा । विसं २०७९ कुवार से चिडियाखाना निर्माण सुरु कईल बा । चिडियाखाना ५० हेक्टर क्षेत्रफल मे फईलल बा ।
वीरगंज महानगर के नगरप्रमुख राजेशमान सिंह प्रस्तावित चिडियाखाना के अतिक्रमित जमिन रेखाङ्कन करके हटावेके प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल बतवनी । शुक के दिने बईठल सर्वपक्षीय बईठक से चिडियाखाना रहल जमिन अतिक्रमण हटावे खातिर सूचना जारी कईल बा । ’चिडियाखाना के सीमाङ्कन करे खातिर सार्वजनिक आ निजी आवादी जमिन छुट्यावे खातिर नापी कार्याल के निहोरा कईल बा ।’ चिडियाखाना निर्माण करेमे देरी करेके ना होखी कहके उनकर कहनाम बा ।






