तराई मे गरम हावा के लहर बढ सकता, सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा
तराई मे गरम हावा के लहर बढ सकता, सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा

काठमाण्डु, २७ जेठ
जल तथा मौसम विज्ञान विभाग आवेवाला कुछ दिन तक देशभर के तापक्रम के अवस्था विश्लेषण कईला पर तराई के भूभाग मे बहुते गर्मी के सम्भावना रहेके भईला से सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा कईले बा ।
विभाग के मौसम पूर्वानुमान महशाखा गर्मी बढेवाला भईला से जरुरी तईयारी के साथे सावधानी अपनावे खातिर सभी मे निहोरा कईले बा । विभाग के मौसमविद् विनु महर्जन खास करके तराई के साथे सुदूरपश्चिम आ लुम्बिनी प्रदेश मे गर्मी बढेके अनुमान कईल जानकारी देहनी ।
विभाग कहले बा, “तराई के भूभाग मे जेठ २८ गते तक गरम हावा सँगे गरम लहर ‘लू’ के सम्भावना रहला से ओकर असर से बँचे खातिर जरुरी सतर्कता अपनावे खातिर निहोरा बा ।” मौसमविद् महर्जन के मुताविक एकरा से पहिले नेपालगञ्ज मे ई बरीस के सब से बेसी ४४.२ डिग्री आ धनगढी मे ४४.१ डिग्री तापक्रम मापन भईल रहे ।
गरम हावा तथा गरम लहर से होखेवाला सम्भावित असर मे थकाई लागेके, कमजोरी होखेके, बेसी पियास लागेके, मुडि दुखाएके, चक्कर लागेके, बेहोस होखेके, मांसपेशी दुखाएके, उलटी होखेके लगायत रहला से ओकरा से बँचे खातिर मौसमविद् महर्जन के कहनाम बा ।
“गरम हावा तथा लहर से बँचे खातिर बेसी गर्मी के समय मे घर भितर भा ठण्डा जगहा मे बईठेके, बाहरी वातावरण मे बेसी ना जाएके, घाम मे बेसी ना चलेके, हल्का सुती के कपडा पहिनेके, बाहर निकलला पर मुडि तोपेके, टोपी लगावेके, नियमित पानी तथा झोल पदार्थ पिएके आ स्वास्थ्य मे समस्या भईला मे स्वास्थ्यकर्मी से नियमित सम्पर्क मे रहके आउर सल्लाह सुझाव लेवेके पडि”, उ कहनी ।
विभाग के मुताविक अभी नेपाल मे स्थानीय वायु, पश्चिमी वायु तथा बिहार आसपास बनल न्यूनचापीय क्षेत्र के आंशिक प्रभाव रहल बा । आजु कोशी प्रदेश लगायत देश के पहाडी भूभाग मे आंशिक बदली रहला के साथे बाँकी भूभाग मे मौसम सफा रहेके जनावल गईल बा ।
कोशी, बागमती आ गण्डकी प्रदेश के पहाडी भूभाग के कम जगहा मे तथा बाँकी भूभाग के एक–दु जगहा मे मेघगर्जन÷टाडका सहित हल्का से मध्यम वर्षात के सम्भावना रहल विभाग जनवले बा । विभाग से देहल जानकारी मुताविक लुम्बिनी, कर्णाली आ सुदूररपश्चिम प्रदेश के कुछ जगहा मे आँधी के सम्भावना रहल बा ।





