मधेश के वनमन्त्री मे त्रिभुवन साह नियुक्त
मधेश के वनमन्त्री मे त्रिभुवन साह नियुक्त

जनकपुरधाम २७ जेठ
मधेश प्रदेश मे मन्त्रिपरिषद् विस्तार भईल बा । मुख्यमन्त्री सतिष सिंह जनमत पार्टी के त्रिभुवन साह के वनमन्त्री आ मोहम्मद सकिल मियाँ के राज्यमन्त्री नियुक्त कईले बाडन ।
मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सतिष सिंह मन्त्रिपरिषद् एतवार के दिने मन्त्रिपरिषद् विस्तार करत साह के वनमन्त्री आ मियाँ के राज्यमन्त्री नियुक्त कईले बा ।
वनमन्त्री साह आ मियाँ के प्रदेश प्रमुख प्रदेश प्रमुख सुमित्रा देवी भण्डारी शपथ ग्रहण करवले बाडन । साह सिरहा के क्षेत्र नम्बर ४ के (क) से प्रत्यक्ष निर्वाचित सांसद हउवन ।
बितल शुक के दिने मुख्यमन्त्री नियुक्त भईल सिंह उहे दिन १० मन्त्री आ तीन राज्यमन्त्री नियुक्त कईले रहलन । साह सिरहा के क्षेत्र नम्बर ४ के (क) से प्रत्यक्ष निर्वाचित सांसद हउवन । एकरा सँगे अब मधेश के मन्त्रिपरिषद् १६ सदस्यीय भईल बा ।






