केडिया आँखा अस्पताल के शाखा छिपहरमाई के भिस्वा मे सर्जिकल सेन्टर के उदघाटन

केडिया आँखा अस्पताल के शाखा छिपहरमाई के भिस्वा मे सर्जिकल सेन्टर के उदघाटन

वीरगंज ०५ असाढ

नेपाल नेत्र ज्योति संघ रामकुमार महाबिर प्रसाद केडिया आँखा अस्पताल परवानीपुर वीरगंज के शाखा बुध के दिने पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका वार्ड नं ५ भिस्वा मे सर्जिकल सेन्टर के उदघाटन भईल बा ।
अब अपने गाँव ठाँव भिस्वा मे रहल केडिया आँखा अस्पताल के शाखा मे शल्यक्रिया होखेके आयोजक संस्था के सभापति एव केडिया आँखा अस्पताल के अध्यक्ष राजेश कुमार केडिया बतवनी ।
नेपाल नेत्रज्योति संघ रामकुमार महाबिर प्रसाद केडिया आँखा अस्पताल द्वारा संचालित भिस्वा आँखा उपचार केन्द्र के सेवा फाउन्डेसन नेपाल के आर्थिक सहजोग मे स्तरोन्नति कईला मे आजु सर्जिकल सेन्टर के उदघाटन करत अपने आ हमनी के सपना रहे कि बढिया आँखा अस्पताल होखो माकिर वीरगंज आ नेपाल के सभी जनसमुदाय आ प्रसाशन के सहजोग से पाँच बेड से सुरु कईल आँखा अस्पताल अभी सयो मे पुगल बतवनी । अपनेलोग के सहजोग से केडिया आँखा अस्पताल पचास बरीस मे पुगल बा । भिस्वा शाखा मे सुरु भईल शल्यक्रिया से नेपाल भारत के जनता के सहज भईल अध्यक्ष केडिया बतवनी ।
आँख के मरेजी जउन हिसाब से अईसन उहे हिसाब से शाखा बिस्तार होखी आ महिना के पाँच जने मरेजी अईला पर पन्द्र दिन मे आँख के अप्रेसन होखी । दश से बेसी मरेजी अईला पर सात दिन मे अप्रेसन होखी आ बेसी मरेजी अईला पर डाक्टर राखके हरेक दिन अप्रेसन होखेके अध्यक्ष केडिया बतवनी ।
उदघाटन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि गाँवपालिका उपाध्यक्ष लिलावती देबी, बिशिष्ट अतिथि प्रमुख प्रसाशकीय अधिकृत शनि कुमार साह, वार्ड अध्यक्ष मौजीलाल साह कानु, दिपेन्द्र सिंह, रामेश्वर महतो लगायत जनप्रतिनिधि लोग आपन ओरी से सकेभर सहजोग करेके बतवले रहनी । कार्जक्रम मे नेपाली काँग्रेस के महाधिबेशन प्रतिनिधि बशिष्ट नारायण पटेल ई आँखा उपचार केन्द्र के शाखा से ई क्षेत्र मे मात्र ना नेपाल भारत के जनतालोग लाभ लेवे सकेके बतवनी । केडिया परिवार आ शाखा के खातिर भवन उपलब्ध करावेवाला हनिफ मियाँ के धन्यवाद भी देहले रहनी ।
कार्जक्रम मे भारत सिमावर्ती सिकटा के मुखिया राजन चौरसिया, राष्ट्रिय जनता दल युनाइटेड के जिल्ला सचिव मदन पटेल नेपाल भारत के सम्बन्ध प्रगाढ रहेके बतवनी । कार्जक्रम मे नेता किसोरी साह कानु, नेत्र ज्योतीसंघ के श्याम कुमार पोख्रेल, डा. नितिन तुल्सयान, डा. संतोष साह, भागवती चौधरी, प्रफुल श्रेष्ठ, केडिया आँखा अस्पताल के डाईरेक्टर प्रकास कुमार लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।