आदर्शकोतवाल गाँवपालिका के १२ वाँ सभा से नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत

प्रभु यादव /
बारा १० असाढ,
बारा के आदर्शकोतवाल गाँवपालिका के १२ वाँ गाँव सभा से नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले बा । चिउटहा मे गाँवपालिका के नवनिर्मित भवन के सभा हल मे कार्जक्रम कर के बजेट के अगिला बरिस के खातिर प्रस्तुत कईल रहल रहे ।
गाँवपालिका अध्यक्ष जवाहर साह सभे जनप्रतिनिधि लोग से छलफल कर के नीति तथा बजेट कार्जक्रम बनावल गईल जनकारी करावले बानी । बननवल गईल नीति तथा कार्जक्रम के लगते बईठक कर के योजना सब बनाके कार्जक्रम के फिर से पास कईल जाई अध्यक्ष साह जनकारी करावले रहनी ।
४५ करोड ५२ लाख ७८ हजार के बजेट प्रस्तुत करत संघिय सरकार से समानिकरण अनुदान १० करोड १५ लाख, राजश्व बाडफाड ८६ लाख ७० हजार, सशर्त अनुदान दु करोड २५ लाख ४० हजार, सम्पुरक अनुदान ६५ लाख आम्दानी होई अध्यक्ष साह जनकारी करावले रहनी । मधेश प्रदेश सरकार से समानिकरण अनुदान ७१ लाख ७८ हजार, सशर्त अनुदान ८० लाख, विशेष अनुदान ३० लाख सम्पुरक अनुदान २० लाख, राजश्व बाडफाड से ५० लाख आ आन्तरिक स्रोत से आम्दानी एक करोड होखे के साह बजेट प्रस्तुत करत बतावले बानी ।
नीति तथा कार्जक्रम मे स्वास्थ्य ओर आयुर्वेद अस्पताल के सञ्चालन कराके आरोग्य कार्जक्रम सञ्चालन करेके शिक्षा मे प्रविधिक शिक्षा, सरसफाई आ पिएवाला पानी के खातिर व्यवस्थापन करत जनचेतना करावेके, कृषि मे विशेष सहजोग के खातिर कृषि विद्युतिय मिटर के शुल्क गाँवपालिका सहजोग करी, सहजोगि संघ संस्था के सहजोग करके गाँवपालिका के सुनौलो भविष्य के अगाडि बढावेके बतावले रहनी ।
कार्जक्रम मे आईल लोग के स्वागत प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत महेश कुमार मिश्र कईले रहनी । गाँवपालिका उपाध्यक्ष, वार्ड अध्यक्ष, कार्यपालिका सदस्य, वार्ड सदस्य लगायत समाजसेवी सञ्चारकर्मी लोग के सहभागिता रहल रहे ।






