कलैया उपमहानगरपालिका करिब डेढ अरब के बजेट प्रस्तुत कईलख

प्रभु यादव /
बारा १० असाढ,
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका १३ वाँ नगर सभा करण राज पैलेस मे सम्पन्न कईले बा । नगर सभा मे उपमेयर रौशन परविन एक अरब ५१ करोड ९१ लाख ३३ हजार के बजेट प्रस्तुत कईले बानी । चालू ओर ३४ करोड ५९ लाख ३३ हजार आ पुजीगत खर्च ५७ करोड ६२ लाख के रहल रहे ।
अगिला बरिस के बजेट के समिक्षा करत जम्मा ९८ करोड ७८ लाख १४ हजार एक सय तीन रोपेया ७८ आ पईसा खर्च घटा के १३ करोड ३२ लाख २० हजार दु सय ८४ जेषठ महिना तक के समीक्षा कईले रहल रहनी ।
शैक्षिक प्रशासनिक पर्यटकिय शहर स्वच्छ समुन्नत कलैया नगर कृषि आ पूर्वाधार समृद्ध कलैया के आधार” नारा सहित कलैया उपमहानगरपालिका के १३ वाँ नगर सभा शुरु भईल बा ।
कार्यक्र मे स्वागत प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नेपाल सरकार के उप–सचिव नाथु साह अभी के आर्थिक मन्दि के समय मे भी सभी से बिचार करके बजेट लिअईला मे धन्यवाद देहनी ।
नगर प्रमुख बिनोद साह कलैया के बिकास के खातिर केहु के प्रभाव भा दबाब मे कलैया सरकार पछाडि ना हटेके बतावत एकरा खातिर नगरवासी से भी साथ देरहल बतवले रहनी । कलैया बजार के कायापलट हो रहल आ एमे सारा नगरवासी आपन साथ मे देखल गईल बतवनी । उ अवसर मे नगर प्रमुख बिनोद साह चईत मसान्त भितर मानवत मटिअर्वा के रास्ता पुरा होखेके बतवनी ।
एहितरे नगर सभा सदस्य हिरामती आर्याले एकरा से पहिले हम सभी नगरवासी के खातिर आवाज उठावल आ निरन्तर नगर के बिकास के खातिर लागेके बतवनी । सभी नगर सभा सदस्य के भावना मुताविक बजेट लिअईला मे मेयर के धन्यवाद देहनी ।
उ अवसर मे पालिका उत्कृष्ट कर्मचारी, करदाता, जग्गादाता तथा उत्कृष्ट शिक्षकलोग के नगद आ सम्मान पत्र सहित सम्मानित कईल रहे ।
नगर सभा के सञ्चालन जिन्सी शाखा प्रमुख नरोतम अधिकारी कईले रहनी ।





