५० स्थानीय तह समय मे बजेट लियावे ना सकल

५० स्थानीय तह समय मे बजेट लियावे ना सकल

काठमाण्डु ११ असाढ

देशभर के ७ सय ५३ स्थानीय तह मेसे ५० पालिका से तोकल समय मे बजेट लियावेमे असफल भईल बाडन । २ सय ९३ नगर मेसे जनकपुर आ धरान उपमहानगरपालिका सहित १९ नगरपालिका बजेट ना लियावल नेपाल नगरपालिका संघ जनवले बा । २ सय ७५ नगर १० असार मे बजेट लिआईल बाडन ।
कोसी प्रदेश के ४८ नगरपालिका मेसे ४६ नगर बजेट लिआईल बाडन । एहितरे मधेस प्रदेश के ७६ नगरपालिका मेसे ६५ बजेट प्रस्तुत कईले बाडन ।
बागमती प्रदेश के ४५ नगरपालिका मेसे ४३ बजेट समय मे लिआईल बाडन । गण्डकी के सभी २७ नगर, लुम्बनी के सभी ३६ नगर, कर्णाली के २५ नगर मेसे २४ आ सुदूरपश्चिम के सभी ३४ नगरपालिका समय मे बजेट लिआईल बाडन ।
३१ गाँवपालिका ना लिआईल समय मे बजेट
राष्ट्रिय गाँवपालिका महासंंघ के मुताविक ९३ प्रतिशत गाँवपालिका आवेवाला आर्थिक बरीस के बजेट सार्वजनिक कईले बाडन ।
महासंघ के मुताविक १० असाढ मे ४ सय ६० गाँवपालिका मेसे ४ सय २९ से बजेट प्रस्तुत कईले बाडन । बाँकी ३० गाँवपालिका मे गाँवसभा अधिवेशन सुरु होखे ना सकल आ एगो गाँवपालिका से सम्पर्क होखे ना सकल महासंघ जनवले बा ।
कोसी प्रदेश मे रहल ८८ गाँवपालिका मेसे तीन बजेट पेस ना कईल महासंघ जनवले बा । एहितरे मधेश के ५९ गाँवपालिका मेसे १०, बागमती के ७४ गाँवपालिका मेसे पाँच १० असाढ मे बजेट पेस नईखन कईले ।
गण्डकी के ५८ गाँवपालिका सभी पेश कईले बाडन । एहितरे लुम्बिनी के ७३ गाँवपालिका मेसे ८ गो बजेट नईखन लिआईल । कर्णाली के ५४ मेसे ४ से बजेट ना लिअईला पर सुदूरपश्चिम के सभी ५४ गाँवपालिका बजेट लिआईल बाडन ।
नेपाल नगरपालिका संघ कार्यकारी निर्देशक कलानिधि देवकोटा आ गाँवपालिका राष्ट्रिय महासंघ कार्यकारी अधिकृत राजेन्द्र प्याकुरेल के मुताविक समय मे बजेट लियावे नासकला मे स्थानीय तह के प्रमुख अल्पमत मे परेके, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत ना रहल, मेयर, उपमेयर के द्वन्द्व आ कुछ स्थानीय तह के प्रमुख घायल आ बेमार भईला के चलते भी १० असाढ मे बजेट नईखे आईल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।