बारा मे ८७ हजार मेट्रिकटन मकई उत्पादन
बारा मे ८७ हजार मेट्रिकटन मकई उत्पादन

बारा १२ असाढ
जिल्ला के किसान ई बरीस १४ हजार चार सय ९० हेक्टर जमिन मे हिउँदे आ बर्खे मकई खेती करके ८६ हजार छ सय ९५ मेट्रिकटन उत्पादन कईले बाडन ।
जिल्ला कृषि ज्ञान केन्द्र के मुताविक पाँच हजार आठ सय ६० क्षेत्रफल मे हिउँदे मकई खेती करके ३७ हजार पाँच सय चार मेट्रिकटन उत्पादन भईल बा । एहितरे, आठ हजार ६ सय ३० हेक्टर मे कईल बर्खेमकई से ४९ हजार एक सय ९१ मेट्रिकटन उत्पादन भईल बा ।
बितल बरीस किसान हिउँदे मकई पाँच हजार आठ सय ५० हेक्टर क्षेत्रफल मे खेती करके ३७ हजार चार सय ४० मेट्रिकटन उत्पादन कईले रहलन । बितल बरीस के बराबरी मे ई बरीस बहुते जमिन मे खेती कईला पर भी अपेक्षाकृत उत्पादन ना भईल केन्द्र जनवले बा ।






