हिन्दु स्वयंसेवक संघ पर्साद्धारा बहुदरमाइ मे गुरु दक्षिणा कार्जक्रम पुरा

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज १२ सावन,
गुरुपुर्णिमा से एक महिना तक चलेवाला गुरु दक्षिणा कार्जक्रम शनिचर के दिने बहुदरमाई नगरपालिका मे पुरा भईल बा ।
हिन्दु स्वयंसेवक संघ नेपाल देशब्यापी ई गुरु दक्षिण कार्जक्रम संचालन कर रहल संघ के पर्सा जिल्ला कार्यवाहक कृष्ण चौरसिया बतवनी । उ हिन्दु धर्म संस्कृति तथा पहिचान के संरक्षण करेके उदेश्य से अभी अनेकन पालिकासब के वार्ड मे ई गुरु दक्षिण कार्जक्रम हो रहल बतवनी ।
गुरु दक्षिण कार्जक्रम के मुख्यवक्ता एवम् विभाग शारीरिक प्रमुख उमेश यादव गुरु कर्म संस्कार, ब्यक्तिगत चरित्र, अनुशासन तथा समाज परिवर्तन करेके, अन्हार से अँजोर ओरी देखावेवाला गुरु भईला से हमनी सम्मान तथा इज्जत देवेके बिचार रखले रहलन ।
अभी गुरु के संस्कार करेवाला परिपाटी भुलात जा रहला मे हमनी हिन्दु स्वयंसेवक संघ नेपाल गुरु के सम्मान आ इज्जत जोगावे खातिर स्वयंसेवक परिचालन करके देशब्यापी ई अभियान सफल करेमे लागल यादव बतवनी ।
गुरु दक्षिण करेके कारण हमनी के धर्म मुताविक आपन गुरु वर्ग के सम्मान तथा इज्जत कईसे देवेके पडि कहके बारेमे संस्कार सिखावल जाला । अभी गुरु वर्ग के देखेवाला परिपाटी उपर चिन्ता ब्यक्त करत अभी से सफल बनावे खातिर हमनीसब लागल प्रमुखवक्ता यादव बतवनी । हिन्दु धर्म के संस्कृति जगेर्ना करे खातिर युवालोग सक्रिय रुप मे लाग रहल आ एकरा के प्रभावकारी बनावे खातिर टोल टोल मे खटके समाज रुपान्तरण के खातिर हिन्दु स्वयंसेवक संघ लागल उनकर कहनाम रहे ।
जिल्ला संघचालक प्रवक्ता माधवराजपाल हिन्दु स्वयंसेवक संघ काहे बनल आ एकर महत्वपूर्ण उदेश्य का ह कहके बारेमे चर्चा करत हिन्दु स्वयंसेवक संघ आपन धर्म संस्कार, संस्कृति के रक्षा तथा परामपरागत संस्कृति के संरक्षण करेके जिम्मेवारी के साथ लागल बतवनी । हिन्दु सनातन धर्म के विश्वभर चिनावेके काम डाक्टर केशव बलिराम हेडकेवार से कईल आजु से ९९ बरीस पहिले स्थापना कईल आ आवेवाला २०२५ मे १०० बरीस पुगेके क्रम मे विश्वभर अनेकन कार्जक्रम करके मना रहल माधवराजपाल बतवनी ।
नेपाल मे भी हिन्दु स्वयंसेवक संघ नेपाल ७७ जिल्लासब मे गुरु दक्षिण कार्जक्रम कर रहल जिल्ला सह कार्यवाह ओमप्रकाश गुप्ता बतवनी । अब संगठन निर्माण करेके ओरी लागेके आ हमनी के संख्यात्मक ना गुणात्मक जरुरी रहल गुप्ता बतवनी । उ गुरु दक्षिण कार्जक्रम मे विभाग विद्यार्थी विस्तारक विक्रम मण्डल लगायत संघ के सयो स्वयंसेवकलोग के उल्लेखनिय सहभागी रहल रहे ।





