मधेश प्रदेश के नवनियुक्त मन्त्री जनार्दन सिंह क्षेत्री के गृह जिल्ला मे स्वागत

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज १२ सावन,
मधेश प्रदेश के नवनियुक्त भुमि ब्यवस्था तथा कृषि सहकारी मन्त्री जनार्दन सिंह क्षेत्री के गृह जिल्ला पर्सा मे शनिचर के दिने स्वागत कईल बा ।
मन्त्री भईला के बाद पहिलका बेर आपन गृह जिल्ला पर्सा आइल मन्त्री क्षेत्री के नेपाली काँग्रेस के नेता तथा कार्यकर्तालोग फुलमाला आ खादा से स्वागत कईले रहलन । मन्त्री क्षेत्री के स्वागत करे खातिर सबेरे वीरगंज के घण्टाघर मे कार्यकर्ता तथा शुभचिन्तकलोग सहित नेपाली कांग्रेस पर्सा के कार्यवाहक सभापति रामनारायण कुर्मी पुगल रहलन ।
एहितरे मन्त्री जनार्दन सिंह क्षेत्री के स्वागत तथा सम्मान कार्जक्रम के आयोजना कईल रहे । नेपाली कांग्रेस के कार्यवाहक सभापति राम नारायण कुर्मी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत मधेश प्रदेश के जनता के सेवा करे खातिर नेपाली कांग्रेस के अवसर मिलला मे ई अवसर के बेसी से बेसी सदुपयोग करे खातिर निहोरा कईले रहलन । एहितरे मन्त्री क्षेत्री के कृषि उत्पादन मे मधेश प्रदेश के आत्मनिर्भर बनावे खातिर अनेकन कार्जक्रम लियावेके सुझावत सफल कार्यकाल के शुभकामना भी देहले रहनी ।
उ अवसर मे मन्त्री क्षेत्री मन्त्रालय के सचिव तथा निर्देशकलोग के कृषि मे क्रान्ति लियावे खातिर नयाँ नयाँ योजनासब बनावे खातिर निर्देशन देहल बतवनी । उ नेपाल मे रहल सात प्रदेश मे मधेश प्रदेश के कृषि मे नमुना प्रदेश के रुप मे विकसित करे खातिर प्रयासरत रहल बतवनी ।
कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस पर्सा के उपसभापति अशोक गुप्ता, सचिव दिनेश चौधरी, नवीन सिंह, मदन यादव लगायत नेपाली कांग्रेस के नेता तथा कार्यकर्तालोग के उपस्थिति रहल रहे । उ कार्जक्रम के सहजीकरण नेपाली कांग्रेस के सचिव तथा वीरगंज महानगरपालिका के उपमेयर इम्तियाज आलम कईले रहनी ।