देशभर उद्धार के खातिर २० हजार सुरक्षाकर्मी परिचालन

देशभर उद्धार के खातिर २० हजार सुरक्षाकर्मी परिचालन

काठमाण्डु १२ कुवार

लगातार वर्षात के बाद आईल बाढ, पहिरो आ डुबान लगायत प्राकृतिक विपद् जोखिम मे परल नागरिकलोग के खोज तथा उद्धार के खातिर देशभर २० हजार से बेसी पुलीस परिचालन भईल बा ।

विपद् से होखेवाला नोक्सानी न्युनीकरण, नागरिक के जीउधन के रक्षा आ विपद मे परललोग के खोज तथा उद्दार, स्वास्थ्य ईलाज मे सुरक्षाकर्मी परिचालन भईल बाडन ।

पिछिलका बेर के बाढ, पहिरो आ डुबान से एक हजार से बेसी नागरिक के सकुशल उद्दार हो रहला पर नेपाल पुलीस से १० हजार ४१ जने आ सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल से १० हजार ५४० जने प्रहरी परिचालन भईल बाडन ।

जउना मेसे काठमाण्डु उपत्यका मे मात्र नेपाल पुलीस के ४ हजार ७६० आ सशस्त्र प्रहरी बल से ३ हजार ५ सय सुरक्षाकर्मी उद्धार मे खटल बाडन । एहितरे नेपाली सेना काठमाण्डु उपत्यका के अनेकन जगहा से चार जने के हेलिकप्टर से उद्धार कईले बा ।

सेना के टोली देशभर के प्रभावित क्षेत्र मे परिचालन भईल बा । गृह मन्त्रालय के प्रवक्ता ऋषिराम तिवारी शनिचर के दिन तक १ हजार ५३ जने के उद्धार कईल जानकारी देहनी ।

एकरा से पहिले गृहमन्त्री रमेश लेखक बाढ पहिरो मे अवरुद्ध सडक सञ्चालन करे खातिर सम्बन्धित निकाय के निर्देशन देहले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।