वर्षात के चलते वीरगंज लगायत पर्सा के जनजीवन प्रभावित

वर्षात के चलते वीरगंज लगायत पर्सा के जनजीवन प्रभावित

वीरगंज १२ कुवार

बिगत दु दिन से लगातार हो रहल वर्षात के चलते जिल्ला सदरमुकाम वीरगंज आ पर्सा जिल्ला के ग्रामीण भेग भी प्रभावित भईल बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता डीएसपी दीपक भारती के मुताविक वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं ६ आ ७ कुम्हाल टोल मे नाला के पानी निकास ना भईला पर सास्ता आ कुछ घर के आँगन पानी से भरल बा ।

महानगर के वार्ड नं १ आ २ भकुवा आ छपकैंया मे भी वर्षात के पानी के निकास ना भईला से रास्ता जगलग्न भईल बा आ कुछ घर मे पानी घुसल बा । महानगर के वार्ड नं ११ डोम टोल मे सिर्सिया नदी के पानी घुसला पर आधा दर्जन घर मे पानी घुसल बा । कृषि औजार अनुसन्धान केन्द्र भी जलमग्न भईल बा । श्रीपुर–रानीघाट क्षेत्र के सडक मे भी पानी जमल बा ।

वीरगंज–१३ राधेमाई मे वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के भवन के पछाडि के भाग मे सिर्सिया नदी के भेल आके नोक्सानी पुगल बा । प्रभावित जगहासब मे पुलीस टोली पुगके स्थानीय के उद्धार के प्रयास जारी रहल डीएसपी पुरी बतवनी । वीरगंज महानगरपालिका–१५ भिस्वा टोल भी पानी के निकास ना भईला से डुबान मे परल बा । वार्ड नं १६ नगवा आ ईनर्वा क्षेत्र भी डुबान मे परल बा ।

वीरगंज के आदर्शनगर क्षेत्र के मुख्य सडक डुबान मे परल बा । सिर्सिया खोला के पानी मुख्य नाला होत प्रवेश कईला के बाद आदर्शनगर क्षेत्र डुबान मे परल बा ।

कृषि औजार अनुसन्धान केन्द्र परिसर वीरगंज मे रहल वर्षा मापन उपकरण मे शनिचर के दुपहरिया तक १ सय ९१ एमएम वर्षा मापन कईल केन्द्र प्रमुख इन्जिनियर सचिन कुमार मिश्रा जानकारी देहनी । उ कार्यालय के आवास गृहसब डुबान मे परल आ कार्यालय परिसर जलमग्न भईल बतवनी ।

वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह सामाजिक सन्जाल से महानगरवासी के सिर्सिया नदी के जलस्तर बढके मानवबस्ती प्रवेश कईला से सर्तकर्ता अपनावे खातिर आह्वान कईले बाडन ।

बिन्दवासिनी गाँवपालिका मे तिलाबे नदी मे एप्रोच सडक से जुडल तटबन्ध भसकला पर पुल के जोखिम बढल बा । पकाहामैनपुर गाँवपालिका–२ मे नाला जाम होके निकास ना भईला पर २० घर डुबान मे परल बा । पर्सागढी नगरपालिका–९ मे तिलाबे नदी के जलस्तर बढके एकटाङ्गा–मनवा सडक खण्ड अवरुद्ध भईल बा ।

जिराभवानी गाँवपालिका मे ओरिया खोला के जलस्तर बढके महादेवपट्टी–सेडवा सडक खण्ड अवरुद्ध भईल बा । पटेर्वासुगौली गाँवपालिका–४ मे भलुही खोला के जलस्तर बढला पर पटेर्वासुगौली–शंकरसरैया सडक खण्ड अवरुद्ध भईल बा । पटेर्वासुगौली–२ मे भलुही खोला के जलस्तर बढला के बाद रंगपुर–मनवा सडक खण्ड अवरुद्ध भईल बा । अभी तक मानवीय क्षति के कउनो जानकारी ना आईल डीएसपी भारती जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।