जनता गणतन्त्र के अनुभूति करे ना सकल : बिप्लव
जनता गणतन्त्र के अनुभूति करे ना सकल : बिप्लव

वीरगंज १२ माघ
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के महासचिव नेत्रविक्रम चन्द बिप्लव नेपाल के राजनीति अभी आकाश मे उड रहला से एकरा के धर्ती मे लियावल जरुरी रहल बतवले बाडन ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा मे शनिचर के दिने आयोजना कईल ‘सिजन–सुदर्शन’ स्मृति ग्रन्थ लोकार्पण कार्जक्रम के सम्बोधन करत उ ‘नेपाल के राजनीति अभी आकाश मे उड रहल बा, बडका–बडका ना भईल बात करके जनता के आशा देखावल गईल बा,’ कहत उ, ‘जनता से दु छाक खाएके हैसियत नईखे, ओहिसे नेपाल के राजनीति के धर्ती मे गोड राखल जरुरी बा ।’
नेपाल मे गणतन्त्र अईला पर भी उ जनता के गणतन्त्र बने ना सकल सिकाईत करत उ आजु भी नेपाली जनता से गणतन्त्र के अनुभूति करे ना मिलल बतवनी । ‘ई गणतन्त्र से जनता आपन जीवन मे नयाँपन आईल अनुभूति करे मिलल नईखे,’ उ कहनी, ‘हेपाईललोग हेपाईले बाडन, उत्पीडितलोग उत्पीडित हि बाडन, गरिब गरिब हि बाडन, काल्हु सामन्ती के रजगज रहे, आजु दलाल पुँजीवादी के रजगज बा ।’
देश के आधा से बेसी सम्पत्ति १०÷१२ प्रतिशत धनी के हाथ मे रहल कहत उ बैंक मे पईसा जम्मा होत गईल माकिर दोसर ओरी गरिब निमुखा जनता के हाथ खाली रहल टिप्पणी कईनी । अभी भी सीमित वर्ग के हाथ मे कानुन, प्रशासन आ अर्थतन्त्र रहल उ बतवनी ।
देश के राजनीति अभी भाषण, गफ, चाकरी आ दोसर के खुसी बनावेमे सीमित होत गईल कहत चन्द राजनीति जनता के जीवन परिवर्तन करेवाला साधन बने ना सकल बतवनी । अभी के परिस्थिति सिर्जना भईला मे सबसे बडका गल्ती माओवादी आन्दोलन से हि कईल आरोप लगावत उ कहनी, ‘हमनी के जनता तिसरका साथ देहलन, फिरभी हमनी चुकनी, हमनी काठमाण्डु प्रवेश कईला के बाद जनयुद्ध के भावनाअनुरुप आपना के बदले ना सकनी ।’
जनता मे अभी भी हमनीसब फेनु बन्दुक रखिहें कि कहके डर रहल बतावत उ तत्काल हमनीसब बन्दुक राखेके योजना मे ना रहल प्रस्ट कईनी । ‘जउन दिन जनता के आवाज बन्दुक से दबावल जाई, उ दिन हमनी फेनु बन्दुक राखेम,’ उ कहनी ।
एकरा से पहिले उ ‘सिजन–सुदर्शन’ स्मृति ग्रन्थ के लोकार्पण भी कईले रहलन । सिजन के द्वन्द्वकाल मे सुरक्षाफौज के आक्रमण मे पर के मृत्यु भईल रहे आ उनकर बाबु सञ्चारकर्मी सुदर्शनराज पाण्डे के ईहे बरीस के भादो महिना मे मृत्यु भईल रहे ।
जनप्रचार तथा प्रकाशन प्रा.लि. काठमाडौं के प्रबन्ध÷निर्देशक संजिव नेपाली के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेकपा मधेश प्रदेश ईन्चार्ज अनिल, पूर्व सांसद शिला यादव, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय लेखा समिति संयोजक केसी लामिछाने, मधेश प्रदेश अध्यक्ष श्याम बञ्जारा, मधेश विश्वविद्यालय के उपकुलपति दिपक शाक्य, स्व. पत्रकार पाण्डे के भाई श्यामराज पाण्डे लगायत के लोग आपन–आपन बिचार रखले रहनी । जनपत्रिका अनलाईनका प्रधान सम्पादक प्रकाश डुम्रे से सञ्चालन कईल कार्जक्रम के स्वागत मनतव्य शोभराज बराल कईले रहनी ।






