मातृभाषा दिवस मे भोजपुरी प्रतिष्ठान वीरगंज अन्तरविद्यालय वक्तृत्वकला प्रतियोगिता करईलख

वीरगंज ०९ फागुन / अन्तर्राष्ट्रिय मातृभाषा दिवस के अवसर मे भोजपुरी प्रतिष्ठान वीरगंज (वीरगंज महानगरपालिका) शुक के दिने अन्तरविद्यालय वक्तृत्वकला प्रतियोगिता पुरा कईले बा ।
लायन्स क्लब अफ सेसमी एकेडेमी के सहजोग मे वीरगंज महानगरपालिका के तालिम केन्द्र सभाहल मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत अरविन्द लाल कर्ण मातृभाषा पहिचान आ स्वाभिमान से जुडल कहत एकर संरक्षण तथा प्रवद्र्धन मे सभी से हाथेमालो करेके बात मे जोड देहनी ।
प्रतिष्ठान के अध्यक्ष अनिता साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल भोजपुरी समाज पर्सा के अध्यक्ष ध्रुव सिंह ठकुरी, लायन्स क्लब अफ सेसमी एकेडेमी के डिस्ट्रीक्ट डिपुटी प्रमुख आश्मा सिंह यादव, वीरगंज कपडा बैंक के अध्यक्ष लालबाबु सिंह लगायत के लोग मातृभाषा के महत्वबारे चर्चा करत विद्यार्थीलोग के उज्ज्वल भविष्य के कामना कईले रहलन ।
प्रतियोगिता मे वीरगंज के त्रिभुवन हनुमान, त्रिजुद्ध, कन्या, माइस्थान विद्यापीठ, सिद्धार्थ आ नृसिंह माध्यमिक विद्यालय के १२ जने विद्यार्थीलोग भाग लेहले रहलन । वक्तृत्वकला प्रतियोगिता मे प्रतियोगीलोग मातृभाषा के सम्मान, संरक्षण, प्रवद्र्धन आ एकर विकास मे भईल अवरोध बारे विचार राखत भोजपुरी सहित नेपाल के सभी मातृभाषा के सम्मान कईल जरुरी रहल बतवले रहलन ।
प्रतियोगिता मे सिद्धार्थ माध्यमिक विद्यालय के चन्द्रकान्त महतो प्रथम, त्रिजुद्ध माध्यमिक विद्यालय के रोहित साह कानु द्वितिय आ सिद्धार्थ माध्यमिक विद्यालय के अन्तिमा कुमारी रौनियार तृतिय स्थान हासिल कईले रहनी । विजयी विद्यार्थीलोग के क्रमशः प्रमाणपत्र, शैक्षिक सामग्री तथा नगद रु १,५००, प्रमाणपत्र, शैक्षिक सामग्री तथा नगद रु १,००० आ प्रमाणपत्र, शैक्षिक सामग्री तथा नगद रु ५०० पुरस्कार देहल गईल रहे । आउर ९ जने सहभागीलोग के प्रमाणपत्र आ शैक्षिक सामग्री देहल गईल रहे ।प्रतियोगिता के निर्णायक मण्डल मे समाजसेवी आशमा सिंह यादव, जय यादव आ सुर्य शुभचिन्तक रहल रहनी । उलोग प्रतियोगीलोग के प्रस्तुति मूल्यांकन करत आवेवाला दिन मे एकरा से बढिया करेके सल्लाह सुझाव देहले रहनी ।
श्याम सर्राफ से स्वागत मन्तव्य राखल कार्जक्रम मे प्रतियोगिता के उद्देश्यबारे प्रतिष्ठान के सदस्य अजय चौरसिया प्रकाश परले रहनी । कार्जक्रम के सञ्चालन पत्रकार माधुरी महतो कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे प्रतिष्ठान के अध्यक्ष अनिता साह प्रतियोगिता मे सहभागी सभी स्कूल आ अतिथिलोग के भोजपुरी भाषा के किताब उपहार देत सम्मान कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।