बारा जिला में भारत सरकार के मदद से बनल पुलके उद्धघाटन
बारा जिला में भारत सरकार के मदद से बनल पुलके उद्धघाटन

बारा १६ फागुन
बारा जिला के बंगरी नदी पर बनल वलुही-भरवालिया-८ में भारत सरकार के आर्थिक सहयोग से बनल पुल के आज एक कार्यक्रमके बिच उद्घाटन भइल बा।
पुलके उद्घाटन नेपाल सरकार के सडक विभागके अधीक्षक इन्जिनियर शुभ राज न्यौपाने आ भारत महावाणिज्य दूतावास वीरगंज के महावाणिज्य दूत देवी सहाय मीना संयुक्त रूपसे उद्धघाटन कईले बाडन।
नेपाल-भारत विकास सहयोग के तहत 1.96 करोड़ नेपाली रुपया के लागत से बनल आरसीसी पुलसे वीरगंज महानगरपालिका से भलुही-भरवालिया, फेटा आ आसपास के गांव तक सीधा सवारी साधन चलावे मे सहज होई।
२००३ से भारत सरकार नेपाल में ५६३ से अधिक उच्च प्रभाव सामुदायिक विकास परियोजना (HICDP) लागू कइले बा।
वीरगंज महावाणिज्य दूतावास के अधिकार क्षेत्र में ७४ स्वीकृत परियोजना में से ५६ परियोजना पूरा हो चुकल बा। भारत सरकार बारा जिल्ला के अस्पताल, स्वास्थ्य केन्द्र आ शैक्षणिक संस्थान के १३ गो एम्बुलेन्स आ ४ गो स्कूल बस उपलब्ध करा चुकल बा ।
उम्मीद बा कि एह नया पुल के निर्माण से स्थानीय समुदाय के परिवहन आ जीवन स्तर में सुधार ले आवे में काफी योगदान होई।






