राजा राजनीतिक दल से आ भोट के राजनीति से उपर रहेवाला संस्था ह : अध्यक्ष लिङ्देन

राजा राजनीतिक दल से आ भोट के राजनीति से उपर रहेवाला संस्था ह : अध्यक्ष लिङ्देन

वीरगंज २४ फागुन

राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी (राप्रपा) के अध्यक्ष राजेन्द्र लिङ्देन हमनीसब पार्टी विशेष के ना होके देश के राजा लियावेके खोजल बतवले बानी ।

राष्ट्रिय नागरिक संघर्ष समिति पर्सा आ राप्रपा पर्सा के आयोजना मे वीरगंज स्थित लाल बंगला मे आयोजना कईल आमसभा के सम्बोधन करत अध्यक्ष लिङ्देन ‘हमनी कउनो राजनैतिक दल के राजा ना, देश के राजा खोजले बानी । राजा राजनीतिक दल से आ भोट के राजनीति से उपर रहेवाला संस्था ह,’ कहनी ।

राष्ट्रिय नागरिक संघर्ष समिति पर्सा के अध्यक्ष उपेन्द्र यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सम्बोधन करत अध्यक्ष लिङ्देन दलसब से शासन कईला के बाद देश आउर संकट मे परल दावी कईले रहनी । नेतालोग भ्रष्टाचार मे डुबल तथा देश मे रोजगारी ना मिलला से युवा विदेश जाएमे बाध्य भईला से देश खाली होत गईल बतवनी ।

उ सरकार असफल भईल दाबी करत देशभर से सङ्कलन भईल राजस्व राष्ट्रसेवक कर्मचारी के तलबभत्ता के व्यवस्था करे सकेके परिस्थिति सृजना होखे लागल दाबी कईनी ।

अध्यक्ष लिङ्देन अभी बडका कहल दल से लडे खातिर हमनीसब हि काफी रहल बतवनी । पूर्वराजा राजनीतिक सक्रियता देखावल कहत प्रधानमन्त्री सहित सत्तासिन आ प्रमुख प्रतिपक्षी दल के शीर्ष नेता राजनीति करेके बा त दल खोलके चुनाव मे आवे खातिर चुनौती देरहल बाडन । ओकर प्रतिउत्तर देत राप्रपा अध्यक्ष लिङ्देन उलोग से चुनाव लडे खातिर हमनीसब हि पर्याप्त रहल बतवले बानी ।

फागुन ७ मे प्रजातन्त्र दिवस के अवसर मे पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र शाह आपना के साथ देवे खातिर निहोरा कईले रहनी । ओकरा बाद प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली, कांग्रेस सभापति शेरबहादुर देउवा, नेकपा माओवादी केन्द्र के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल प्रचण्ड लगायत दल के नेतालोग पार्टी खोलके चुनाव मे आवे खातिर चुनौती देत आईल बाडन ।

उ कार्जक्रम मे राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी के सांसद बिना जैसवाल हमनीसब के कार्जक्रम घण्टाघर मे करे ना देहला मे नगरपालिका विरुद्ध आक्रोश जनवले रहली ।

उ कार्जक्रम मे पूर्व नगरप्रमुख बिमल श्रीवास्तव के भाई नन्दु श्रीवास्तव तथा लोसपा के केन्द्रिय सदस्य चन्दन मिश्र के नेतृत्व मे सयों नेता तथा कार्यकर्तालोग राप्रपा मे पार्टी प्रवेश कईले बाडन । नवप्रवेशीलोग के राप्रपा अध्यक्ष राजेन्द्र लिङगदेन अबिर के टिका आ गम्छा ओढाके पार्टी मे स्वागत कईले रहनी । उ कार्जक्रम के सञ्चालन संघर्ष समिति के केन्द्रिय सदस्य मानव सेवक कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।