वीरगंज जेसीज पर्सागढी के दलित लईकालईकी के शैक्षिक सामान बँटलख

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज ०५ बैशाख, वीरगंज जेसीज दलित लईकालईकी के शैक्षिक सामान बँटले बा । वीरगंज जेसीज सप्ताह २०२५ कार्जक्रम अन्तर्गत शुक के दिने वीरगंज जेसीज ५० जने दलित लईकालईकीसब के शैक्षिक सामान बँटले बा ।
पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नम्बर ८ मे सृजनात्मक समाज फाउन्डेसन नेपाल आ वीरगंज जेसीज के सहकार्य मे दलित लईकालईकीसब के खातिर सञ्चालित निःशुल्क ट्युसन केन्द्र के ५० जने दलित लईकालईकीसब के शैक्षिक सामान बाँटल गईल वीरगंज जेसीज के अध्यक्ष सरोज चौरसिया जानकारी देहनी ।
निःशुल्क ट्युसन केन्द्र के संयोजक चन्द्र किशोर राम आ वार्ड के जनप्रतिनिधिलोग के उपस्थिति मे दलित लईकालईकीसब के शैक्षिक सामानसब देहल गईल उ बतवनी ।
चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल उ कार्जक्रम मे वीरगंज जेसीज के पूर्व अध्यक्षलोग गणेशमान श्रेष्ठ, अशोक गुप्ता, अरविन्द श्रेष्ठ, महासचिव रविन्द्र श्रेष्ठ, कार्जक्रम संयोजक रामानन्द चौधरी, कार्यसमिति सदस्य लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
वीरगंज जेसीज सप्ताह २०२५ अन्तर्गत वीरगंज जेसीज बियफे के दिने वीरगंज मे निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर आयोजना, बुध के दिने वीरगंज पब्लिक कलेज के विद्यार्थीलोग के खातिर उत्प्रेरण तालिम, मंगर के दिने वीरगंज के स्थानीय कलाकारलोग के सम्मान लगायत के कार्जक्रमसब भी कईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।