फेटा गाउँपालिकाद्वारा ४० करोड के बजेट पारित, समावेशी नीति आ नागरिकमुखी सेवा प्रवाह करे के प्रतिबद्धता 

फेटा गाउँपालिकाद्वारा ४० करोड के बजेट पारित, समावेशी नीति आ नागरिकमुखी सेवा प्रवाह करे के प्रतिबद्धता 

प्रभु यादव

बारा ६ असार

बारा के फेटा गाउँपालिका आर्थिक वरीस २०८२/८३ के खातिर १६ औँ गाउँसभा मे नीति तथा कार्जक्रम सफलतापूर्वक सम्पन्न कईले बा ।

गाउँसभा मे गाउँपालिका अध्यक्ष रुस्तम अन्सारी नीति तथा कार्जक्रम ४० करोड ९ लाख २२ हजार ३ सय ४४ रुपेया के बजेट प्रस्तुत कईले रहनी ।

समावेशी नीति आ नागरिकमुखी सेवा प्रवाह के मुख्य प्राथमिकता मे राख के पालिका के विकास करेके अध्यक्ष अन्सारी जानकारी करावले रहनी । अध्यक्ष अंसारी शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि, पूर्वाधार विकास, सामाजिक सुरक्षा आ स्थानीय रोजगारी सिर्जना जईसन कार्य मे विशेष जोड देहल जाई बतावले बानी ।

गाउँपालिका के समग्र विकास के खातिर सभे सरोकारवाला लोग से सहकार्य करके अगाडी बढल जाई प्रतिबद्धता करत अध्यक्ष अन्सारी बजेट से आधारभूत आवश्यकता सभे पूरा करत जनता के जीवनस्तर बढावेला लक्ष्य राखल गईल बतावले बानी ।

गाउँ सभा मे फेटा गाउपालिका के उपाध्यक्ष निलम साह ,प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत पूर्ण प्रसाद तिवारी, लेखा प्रमुख भोला यादव,पालिका सदस्य, वडाध्यक्ष , वडासदस्य लोग , समाजसेवी नेता डाक्टर सुशील साह, कर्मचारी, सामाजिक संघसंस्था के प्रतिनिधि आ नागरिक अगुवा लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।