शेख मुन्ना देहलें २५ पत्रकार के प्रेस ज्याकेट

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज २५ कुवार, हरेक आन्दोलन भा भिडभाड मे सक्रिय होखेवाला पत्रकार के सामने के घटना मात्र ना होके लुकाईल तथ्य भी बाहर लियावेवाला भईला से पत्रकारलोग के आउर हौसला बढावे खातिर आ समाज के आउर तथ्यगत बात बाहर लियावे मे बल पुगो कहके उदेश्य से स्थानीय अभियन्ता शेख मुन्ना (पैदलयात्री) पर्सा के २५ जने पत्रकारलोग के प्रेस ज्याकेट देहले बानी ।
उ तेजारथ टोल स्थित एक संचारकर्मीलोग के सांगठनिक कार्यालय परिसर मे एक कार्जक्रम के बिच पर्सेली पत्रकारलोग के प्रेस ज्याकेट देहले बानी । पत्रकार के सक्रियता विना समाज भितर लुकाईल कउनो भी घटना बाहर लियावल सम्भव नईखे ।
ओहिसे संचारकर्मीलोग के मनोबल उच्च बनावे खातिर हम आउर कदम से सञ्चारकर्म मे लागेवाला साथीलोग के कमे भईला पर भी प्रेस ज्याकेट उपलब्ध कराके सञ्चारमैत्री काम करेके हिम्मत कईल शेख मुन्ना बतवी । ई कदम आपन एकल प्रयास से हि भईल उनकर कहनाम बा ।
आवेवाला दिन मे भी जाडा आ गर्मी दुनु सिजन मे पर्सेली पत्रकारलोग मेसे कुछ के सकेभर प्रेस ज्याकेट आ ट्रयाक उपलब्ध करावत जाएके उनकर कहनाम रहे । जब न्यायालय, राज्य आ समाज भी केहु के न्याय ना देवेला त संचारकर्मी सामु पीडा राखेके आ काम निकालेके चलन पुराने ह ।
आउर राजनीतिक दल मे आबद्ध नेता कार्यकर्ता त पत्रकार के प्रयोग मात्र करेलन । अईसे पत्रकार के प्रयोग आ गाली करेवाला मात्र शैली गलत भईल निश्कर्ष सहित पत्रकारलोग के सम्मान करेके चाहिं कहके हम ई कदम चालल अभियन्ता शेख मुन्ना बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।