मुख्यमंत्री सोनल आ ब्रिटिश दूतावास के प्रतिनिधि मंडल बीच शिष्टाचार भेंटघाट
मुख्यमंत्री सोनल आ ब्रिटिश दूतावास के प्रतिनिधि मंडल बीच शिष्टाचार भेंटघाट

वीरगंज १३ कार्तिक
मधेस प्रदेश के मुख्यमंत्री जितेन्द्र सोनल से नेपाल में रहल ब्रिटिश दूतावास के विकास कार्यक्रम प्रमुख पौलिन सिनन के अगुवाई में एक टोली आजुके दिन जनकपुरधाम में शिष्टाचार भेटघाट भईल बा।
भेंट के दौरान मुख्यमंत्री सोनल कहलन कि प्रदेश सरकार के मुख्य प्राथमिकता शिक्षा, स्वास्थ्य आ खेती-बारी (कृषि) क्षेत्र बा। ऊ कहलन कि ई क्षेत्रके तरक्की खातिर विकास साझेदारन के सहयोग बहुत जरूरी बा। मुख्यमंत्री सोनल ई भी बतवलन कि प्रदेश के समग्र विकास खातिर ब्रिटिश दूतावास जइसन अन्तर्राष्ट्रीय साझेदारन संगे मिलके काम करे के सरकार तैयार बा।
एही मौका पर ब्रिटिश टोली के प्रमुख पौलिन सिनन कहलन कि दूतावास प्रदेश सरकार के विकास प्रयासन में सहयोग आ समर्थन देवे के प्रतिबद्ध बा, आ संभावित सहयोग के क्षेत्र में आपसी चर्चा करे के चाहत रखेला।
भेंट-घाट में प्रदेश सरकार के वरिष्ठ अधिकारी आ ब्रिटिश दूतावास के प्रतिनिधि लोग भी मौजूद रहलें।






