यादव ‘दादासाहेब फाल्के लाइफस्टाइल आइकॉनिक अवार्ड 2025’ से सम्मानित

यादव ‘दादासाहेब फाल्के लाइफस्टाइल आइकॉनिक अवार्ड 2025’ से सम्मानित

रौतहट, १५ सोमार

समाजसेवी आ व्यावसायिक नेतृ पुनमसिंह यादव के भारत के प्रतिष्ठित ‘दादासाहेब फाल्के लाइफस्टाइल आइकॉनिक अवार्ड २०२५ से सम्मानित कइल गइल बा।

मुम्बई के इस्कॉन जूहू ऑडिटोरियम में आयोजित छठवां संस्करण के ‘दादासाहेब अवार्ड’ समारोह में यादव के ‘गेस्ट ऑफ ऑनर’ के रूप में सम्मानित कइल गइल। स्वास्थ्य समस्याकेँ कारण ऊ कार्यक्रम में प्रत्यक्ष रूप से सहभागी ना हो पइलीं, बावजूद आयोजक मंडली उनका योगदान के उच्च मूल्यांकन करत सम्मान प्रदान कइलस।

यादव बताए अनुसार सामाजिक सेवा, व्यावसायिक नेतृत्व आ महिला सशक्तिकरण के क्षेत्र में देहल जा रहल उनका निरन्तर योगदानका आधार पर ई अवार्ड प्रदान कइल गइल बा।

अवार्ड समारोह में भारत के चर्चित कलाकार—शाहरुख खान, सलमान खान—सहित फिल्म आ कला जगत के कई ख्यातिप्राप्त व्यक्तित्व के उपस्थिति रहल, आयोजक मंडली जनवलस।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।