भूटान में भारतीय सैंड आर्टिस्ट मधुरेंद्र कुमार के मिला “बेस्ट सैंड स्कल्पचर आर्टिस्ट ऑफ द ईयर” अवॉर्ड

भूटान में भारतीय सैंड आर्टिस्ट मधुरेंद्र कुमार के मिला “बेस्ट सैंड स्कल्पचर आर्टिस्ट ऑफ द ईयर” अवॉर्ड

थिम्फू  (भूटान) १४ पुस

भारतीय सैंड आर्ट के अंतरराष्ट्रीय पहचान दिलावे वाला प्रसिद्ध रेत कलाकार मधुरेंद्र कुमार के भूटान में आयोजित अंतरराष्ट्रीय अवॉर्ड समारोह में “बेस्ट सैंड स्कल्पचर आर्टिस्ट ऑफ द ईयर” से सम्मानित कइल गइल। ई सम्मान उन्हें रेत कला के माध्यम से सामाजिक, सांस्कृतिक आ जन-जागरूकता से जुड़ल विषयन के प्रभावशाली ढंग से प्रस्तुत करे आ अंतरराष्ट्रीय स्तर पर उत्कृष्ट सैंड स्कल्पचर बनावे खातिर दिहल गइल।
थिम्फू में आयोजित अंतरराष्ट्रीय समारोह में मिला सम्मान
ई सम्मान रविवार के भूटान के राजधानी थिम्फू स्थित नामसेलिंग बुटीक होटल, फेंडेय लाम में आयोजित द्वितीय अंतरराष्ट्रीय अचीवर्स अवॉर्ड फेस्टिवल २०२५ के दौरान प्रदान कइल गइल। आयोजकन के अनुसार, मधुरेंद्र कुमार के ई पुरस्कार विशाल आ जीवंत रेत कलाकृतियन के निर्माण, स्वच्छता, पर्यावरण संरक्षण, सांस्कृतिक विरासत आ मानव मूल्यों जइसन सामाजिक संदेशन के वैश्विक मंच पर प्रभावी प्रस्तुति आ लगातार अंतरराष्ट्रीय सैंड आर्ट फेस्टिवलन में बेहतरीन प्रदर्शन खातिर दिहल गइल।
२०२५ में उपलब्धियन के खास योगदान
साल २०२५ मधुरेंद्र कुमार खातिर खास रहल। उनकर रेत कला के लंदन बुक ऑफ वर्ल्ड रिकॉर्ड्स आ एशियन बुक ऑफ वर्ल्ड रिकॉर्ड्स में स्थान मिलल। एह अलावा उन्हें भारत गौरव सम्मान आ डॉ. भीमराव अंबेडकर राष्ट्रीय सम्मान से भी नवाजा गइल। एही उल्लेखनीय उपलब्धियन के आधार पर उन्हें भूटान में साल २०२५ के “वर्ष का सर्वश्रेष्ठ सैंड स्कल्पचर कलाकार” घोषित कइल गइल।
पहिला बेर किसी भारतीय सैंड आर्टिस्ट के मिलल ई अवॉर्ड
जेडीएन ग्रुप ऑफ बिजनेस के संस्थापक जैक्सन डुक्पा मधुरेंद्र कुमार के अंगवस्त्र, मेडल, प्रशस्ति पत्र आ स्मृति चिन्ह भेंट कर सम्मानित कइलन। उनकर कहना रहल कि ई पहिला मौका बा जब ई प्रतिष्ठित अंतरराष्ट्रीय पुरस्कार किसी भारतीय सैंड आर्टिस्ट के दिहल गइल। कार्यक्रम में ग्लोबल विलेज कनेक्शन, आईईएचआरएससी, शे-साइकिल सॉल्यूशन भूटान आ भारत एबीएम के फाउंडर अमोल भगत भी मौजूद रहलन।
५० से जादे अंतरराष्ट्रीय आयोजनों में भारत के प्रतिनिधित्व
भारत गौरव से सम्मानित मधुरेंद्र कुमार अबले दुनिया भर में ५० से अधिक अंतरराष्ट्रीय सैंड आर्ट चैंपियनशिप आ फेस्टिवलन में हिस्सा ले चुकल बाड़न आ भारत के प्रतिनिधित्व करत कई अंतरराष्ट्रीय पुरस्कार अपने नाम कर चुकल बाड़न।
सम्मान मिलला पर कलाकार के प्रतिक्रिया
सम्मान मिलला पर मधुरेंद्र कुमार कहलन,
“ई सम्मान हमार रेत कला के सामाजिक उद्देश्य के मिली पहचान ह। हम एह सम्मान के आपन देश भारत, बिहार के धरती आ ओह सभे लोगन के समर्पित करत बानी, जे हमार कला आ हमार संदेश के समझल आ समर्थन कइल।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।