जनानी आ किशोरी सभे खातिर बदलाव वातावरण कार्जक्रम सुरू
जनानी आ किशोरी सभे खातिर बदलाव वातावरण कार्जक्रम सुरू

प्रभु यादव / बारा ३० पुस
बारा कलैया उपमहानगरपालिका के हल मे समावेशी शासन स्तन्त्रता के प्रोत्साहन आ नेपाल के अंपाङ्ग भईल जनानी अउरी किशोरी सभे खातिर बदलाव वातावरण कार्जक्रम सुरूवात भईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका के उपप्रमुख रौशन प्रविण के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे सभे वडाअध्यक्ष , पालिका सदस्य , शिक्षा शाखा , स्वास्थ्य शाखा समाजिक अभियनता जनानी आ लईकालईकी सभे के क्षेत्र मे काम करेवाला सरोकारवाला के राख के कार्जक्रम के सम्बन्ध मे जनकारी करावल गईल रहे । मुक्ती नेपाल गोलबजार सिरहा के संस्था बारा के कलैया उपमहानगरपालिका , जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका , महागढीमाई नगरपालिका आ सिम्रौनगढ नगरपालिका मे पछाडी पडल अपांग जनानी , किशोरी सभे के सेवा सुविधा मे पहुच बनावल कानुन के प्राप्ती खातिर काम करी संस्था के अध्यक्ष देवकुमारी जनकारी करावले रहनी । मे १- २०२५ से अप्रिल २०२९ तक संस्था बारा के चार गो पालिका मे अपांग लोग के रूपान्तरीत वातावरण बनावे मे काम करी अध्यक्ष महरा जनकारी करावले रहनी । पालिका सरकार से कईल जारहल निर्माण कार्य मे अपांग लोग के पहुच आ सहभागिता कार्य ना भईल माकिर अब करावेके काम कईल जाई महरा बतावले बानी । बारा सहित मधेश प्रदेश के आठ जिल्ला भर मे ३२ गो पालिका मे सिबिल ग्लोबल संस्था के सहयोग मे मुक्ति नेपाल काम करहल कार्जक्रम मे जनकारी करावल गईल रहल रहे ।
अपांग लोग के नियम बनल बा माकिर नियमन ना भईला से लक्षित वर्ग लोग के आवश्यकता रहल समाग्री ना मिल के अनावश्यक समान देके पईसा खर्च कईल जारहल बा कलैया २६ के वडा अध्यक्ष धर्मेन्द्र यादव जनकारी करावले बानी ।
सोमवार के दिन भईल कार्जक्रम मे कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत रामविनय सिंह , वडा नम्वर १ के अध्यक्ष मोहन बहादुर क्षेत्री , वडा नम्वर २ के अध्यक्ष राजेश कुमार महतो , १७ के अध्यक्ष दिपेन्द्र कुशवाहा , महिला मानवअधिकार सरक्षक संजाल के बारा अध्यक्ष निभा सिंह , एकदार संकट व्यवस्थापन केन्द्र के सोभा कुमारी राजवंशी लगायत के लोग कार्जक्रम कार्य सम्बन्ध मे सल्लाह सुझाव देहले रहल रहे । कार्क्रम के संचालन कार्जक्रम के फोकल पर्सन विरन्जन यादव कईले रहनी ।






