अलौ में उमरल भीड़, रिमा यादव के समर्थन में गूंजल नारा — चुनावी मैदान में एमाले के जोरदार शक्ति प्रदर्शन

अलौ में उमरल भीड़, रिमा यादव के समर्थन में गूंजल नारा — चुनावी मैदान में एमाले के जोरदार शक्ति प्रदर्शन

वीरगंज २४ माघ

पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. २ अंतर्गत वीरगंज महानगरपालिका वडा नं. १७ अलौ में नेकपा एमाले वार्ड कमिटी के आयोजन में अगुवा कार्यकर्ता भेला आ पार्टी प्रवेश कार्यक्रम जोरदार तरीका से सम्पन्न भइल। कार्यक्रम में स्थानीय जनता, युवा आ कार्यकर्तन के भारी भीड़ जुटल, जहाँ चुनावी माहौल साफ तौर पर गरम देखाइल।

भेला के दौरान कई स्थानीय नेता, युवा आ समर्थक दोसरा पार्टी छोड़ के एमाले में प्रवेश कइलन। मंच से बार-बार नारा गूंजत रहल — “अबकीर बदलाव, एमाले के नेतृत्व!” एह कार्यक्रम में प्रतिनिधि सभा उम्मीदवार रिमा यादव के प्रति स्थानीय जनता के बढ़त आकर्षण खुल के देखे के मिलल।

कार्यक्रम के सम्बोधन करत एमाले नेतन वर्तमान राजनीतिक हालत पर कड़ा प्रहार कइलन। ऊ लोग कहलन कि देश बार-बार अस्थिरता, भ्रष्टाचार आ खोखला वादा से परेशान बा, आ अब जनता मजबूत आ परिणाम देवे वाला नेतृत्व चाहतिया। नेतन के अनुसार, पर्सा–२ में एमाले के लहर तेज हो रहल बा।

उम्मीदवार रिमा यादव मंच से कड़ा चुनावी संदेश देत कहलन कि अलौ सहित पूरा क्षेत्र में सड़क, रोजगार, शिक्षा आ स्वास्थ्य जइसन बुनियादी समस्या अब तक अधूरा बा। ऊ जनता से सीधा अपील करत कहलन — “अब वादा ना, काम के राजनीति के समय आ गइल बा। जनता के भरोसा से विकास के नया अध्याय शुरू होई।”

कार्यक्रम में शामिल युवामन पुरान राजनीति से निराशा जतावत साफ कहलन कि अब नया सोच, पारदर्शिता आ जवाबदेही वाला नेतृत्व के जरूरत बा। कई युवामन खुल के रिमा यादव के समर्थन जतवले आ चुनाव में जितावे के संकल्प दोहरवले।

अलौ में भइल एह कार्यक्रम से साफ संकेत मिल रहल बा कि पर्सा–२ के चुनावी मैदान अब गरम हो चुकल बा। एमाले कार्यकर्तन घरदैलो, जनसम्पर्क आ चुनावी अभियान के तेज करे के घोषणा कइले बाड़न, जेकरा बाद क्षेत्र में चुनावी भिड़न्त अउरी कड़ा होखे के संभावना बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।