घडिअर्वा में गरजलन चौरसिया “मधेस के अधिकार कांग्रेस दिलाई, नया पार्टी के सपना टूटे वाला बा!”

घडिअर्वा में गरजलन चौरसिया “मधेस के अधिकार कांग्रेस दिलाई, नया पार्टी के सपना टूटे वाला बा!”

वीरगंज २४ माघ

पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. २ के नेपाली कांग्रेस उम्मीदवार अजयकुमार चौरसिया वीरगंज महानगरपालिका–१० घडिअर्वा में आयोजित वडा स्तरीय कार्यकर्ता भेला में कड़ा चुनावी अंदाज में बोलत मधेस के मुद्दा पर कांग्रेस के भूमिका जोरदार तरीका से राखलन। ऊ साफ कहलन कि संविधान संशोधन से मधेस के प्रमुख मांग कांग्रेस के पहल आ अगुवाई से पूरा भइल बा।

चौरसिया दावा कइलन कि जनसंख्या के आधार पर निर्वाचन क्षेत्र निर्धारण, राज्य के निकाय में मधेसी सहभागिता सुनिश्चित करे आ जन्म के आधार पर नागरिकता पवले लोगन के संतान खातिर बंशज नागरिकता — ई सब कांग्रेस के संघर्ष आ संविधान संशोधन से संभव भइल। पूर्व कानून मंत्री रहल चौरसिया कहलन कि ऊ अपने कार्यकाल में आमाके नाम से संतान के नागरिकता देवे वाला कानून पास करवले रहलन।

मंच से ऊ नया पार्टी पर सीधा हमला करत कहलन, “राणा आ राजा जइसन ताकत कांग्रेस के खत्म ना कर पवलस, त नया–नया पार्टी के सपना खाली सपना बन के रह जाई। कांग्रेस जनता के अधिकार खातिर जेल–नेल भोगल पार्टी ह।”

कार्यक्रम में कांग्रेस के बुथ सभापति रामनरायण साह कानु के अध्यक्षता रहल। मंच पर कांग्रेस केन्द्रीय सदस्य रामरुप कुर्मी, मधेस प्रदेश कृषि मंत्री श्याम पटेल, पूर्व मंत्री ओमप्रकाश शर्मा, महाधिवेशन प्रतिनिधि राकेश सिंह, क्षेत्रीय सभापति महमद शाहबुदिन, सचिव रन्जित पटेल, वीरगंज महानगर सभापति मणिन्द्रलाल श्रेष्ठ, युवा नेता राकेश यादव आ नेविसंघ पर्सा सभापति रमेश यादव समेत कई नेतन कड़ा चुनावी सम्बोधन कइलन।

भेला में जुटल कार्यकर्तन आगामी चुनाव में कांग्रेस के जितावे के संकल्प दोहरावत संगठन मजबूत करे आ घरदैलो अभियान तेज करे के घोषणा कइलन। घडिअर्वा में भइल एह कार्यक्रम से पर्सा–२ के चुनावी माहौल अउरी गरम होखे के संकेत मिल रहल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।