मधेस के धरती पर राजनीतिक बदलाव के संकेत देखाई दे रहल बा: आमरेश कुमार सिंह
मधेस के धरती पर राजनीतिक बदलाव के संकेत देखाई दे रहल बा: आमरेश कुमार सिंह

पर्सा २४ माघ
सर्लाही निर्वाचन क्षेत्र नं.–४ के उम्मीदवार आमरेश कुमार सिंह कहले बाड़न कि मधेस के राजनीतिक माहौल में अब बदलाव के संकेत देखाए देवे लागल बा। शनिचर के दिन वीरगंज के गोपलमण्डली में आयोजित राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के पार्टी प्रवेश कार्यक्रम में प्रमुख अतिथि के रूप में बोलत ऊ कहले कि जनता में अब वैकल्पिक राजनीतिक शक्ति पर भरोसा बढ़त जा रहल बा।
सिंह पुरान परम्परागत दलन पर आरोप लगावत कहले, “अब जनता जागरूक हो गइल बा। पुरान राजनीतिक तरीका आ डर देखाके राजनीति चलावे के समय खतम हो रहल बा।” उनका अनुसार मधेस में युवा लोग के बढ़त भूमिका से राजनीति के दिशा बदलत जा रहल बा।
ऊ कहलन कि युवा लोग के रोजगार खातिर विदेश जाए के मजबूरी खत्म करे खातिर देश में ही अवसर बनावल जरूरी बा। बालेन साह के नेतृत्व में सम्भावित सरकार बनला के बाद देश में रोजगार के नया अवसर पैदा होई, आ विकास आ सुशासन में नया अभ्यास शुरू होई – एह बात पर ऊ विश्वास जतवले।
पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं.–२ के विपक्षी उम्मीदवार पर संकेत करत सिंह चेतावनी देत कहले कि “पानी, आग आ युवा से खेलवाड़ ना करे के चाहीं।” ऊ कहलन कि युवा शक्ति आ जनभावना के कमजोर समझे वाला लोग खुद कमजोर पड़ जाई।
कार्यक्रम में मौजूद कार्यकर्ता आ समर्थक लोग के अनुसार सिंह के भाषण से पार्टी में नया उत्साह पैदा भइल।
पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं.–२ से रास्वपा के प्रतिनिधिसभा उम्मीदवार सुशील कुमार कानु के अध्यक्षता में भइल कार्यक्रम में जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) के केन्द्रीय नेता सुनिल कुशवाह, नेकपा एमाले के मधेश प्रदेश कमिटी सदस्य रामबाबु सिंह, एमाले के पूर्व विद्यार्थी नेता मनोज शाह आ ठराब के पूर्व स्ववियु सभापति निरज साह समेत कई नेता लोग पार्टी में शामिल भइलें।
पर्सागढी नगरपालिका, बहुदरामाई नगरपालिका आ वीरगंज महानगरपालिका के अलग–अलग वार्ड से एमाले, जसपा, नेपाली कांग्रेस आ नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी छोड़ के कई नेता–कार्यकर्ता रास्वपा में प्रवेश कइलें, युवा नेता लखन गुप्ता जानकारी देलें।
नया सदस्य लोग के सर्लाही निर्वाचन क्षेत्र नं.–४ के उम्मीदवार आ प्रमुख अतिथि आमरेश कुमार सिंह खादा आ अबीर लगाके स्वागत कइलें। वीरगंज–१० स्थित गोपलमण्डली में भइल कार्यक्रम में भारी संख्या में नेता आ कार्यकर्ता पार्टी प्रवेश कइलें।






