पचरुखी बहुअरवा के वडास्तरीय भेला में पर्सा–२ से कांग्रेस उम्मीदवार अजय चौरसिया के सम्बोधन
पचरुखी बहुअरवा के वडास्तरीय भेला में पर्सा–२ से कांग्रेस उम्मीदवार अजय चौरसिया के सम्बोधन

पर्सा २५ माघ
पर्सागढि–५ पचरुखी बहुअरवा में आयोजित वडास्तरीय भेला में पर्सा क्षेत्र नं. २ से नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार अजय चौरसिया प्रमुख रूप से शामिल भइनी। कार्यक्रम में स्थानीय कार्यकर्ता, समर्थक आ आम जनता के उल्लेखनीय सहभागिता रहल।
भेला के सम्बोधन करत चौरसिया क्षेत्र के विकास, सुशासन, शिक्षा–स्वास्थ्य सुधार आ रोजगारी सृजन के मुद्दा पर जोर देनी। उ कहनी कि जनताको सहयोग से क्षेत्र में दीर्घकालीन विकास योजना लागू कइल जाई आ स्थानीय समस्या के समाधान प्राथमिकता में राखल जाई।
कार्यक्रम में पार्टी के स्थानीय नेता आ कार्यकर्ता सभे चुनावी रणनीति, जनसम्पर्क अभियान आ आगामी कार्यक्रम के बारे में चर्चा कइनी। सहभागी सभे कांग्रेस के पक्ष में माहौल बनावे आ घरदैलो अभियान तेज करे के प्रतिबद्धता जतवले।






