कुर्सी के खेल में उलझल स्थानीय राजनीति — शहर से गाँव तक बदलाव खातिर जेन–जी युवाके बिगुल

कुर्सी के खेल में उलझल स्थानीय राजनीति — शहर से गाँव तक बदलाव खातिर जेन–जी युवाके बिगुल

नेपाल के राष्ट्रीय राजनीति जइसन अस्थिरता अब स्थानीय तह तक साफ देखाए लागल बा। महानगरपालिका, नगरपालिका आ गाउँपालिका — लगभग हर जगह जनता विकास से जादे राजनीतिक खींचतान के शिकार बनत बिया। बजेट आवेला, योजना बनावल जाला, बाकिर जमीन पर काम आधा-अधूरा रह जाला। चुनाव के समय नेता जनता के दुआर-दुआर पहुँच जालन, बाकिर चुनाव बाद जनता के समस्या सुने वाला कम मिलेला।
ग्रामीण क्षेत्र के जनता आजो बेरोजगारी, खराब सडक, कमजोर स्वास्थ्य सेवा आ शिक्षा जइसन बुनियादी समस्या से जूझत बिया। विकास के नाम पर प्रचार ज्यादा, असली काम कम देखे के मिलेला। पार्टी बदलल, गठबंधन के खेल आ व्यक्तिगत स्वार्थ खातिर राजनीति करे के प्रवृत्ति स्थानीय तह में गहिरा हो गइल बा।
स्थानीय राजनीति के असली समस्या
स्थानीय तह लोकतंत्र के आधार मानल जाला, बाकिर आज एह स्तर पर कई गंभीर समस्या देखाए देत बा:
योजना बनत बा, बाकिर पारदर्शिता के कमी बा।
बजेट के सही उपयोग ना होखे से जनता के भरोसा घटत जा रहल बा।
वडा स्तर के जनप्रतिनिधि धीरे-धीरे जनता से दूर होत जात बाड़न।
पुरान नेतृत्व नया सोच वाला युवाके मौका देवे में हिचकिचावत बा।
एह हालत में स्थानीय लोकतंत्र के असली उद्देश्य कमजोर पड़त नजर आवत बा।
जेन–जी युवा : स्थानीय बदलाव के असली ताकत
आज के जेन–जी युवा अब केवल सोशल मीडिया तक सीमित नइखन। ऊ शहर से लेकर गाउँपालिका तक स्थानीय मुद्दा पर सक्रिय आवाज उठावत बाड़न। चाहे शहर के सडक समस्या होखे, युवा बेरोजगारी के सवाल होखे या शिक्षा सुधार के मुद्दा — हर जगह युवा सक्रिय देखाई देत बाड़न।
डिजिटल निगरानी: सोशल मीडिया आ प्रविधि के सहारे स्थानीय बजेट आ योजना पर नजर रखल जा रहल बा।
समुदायिक अभियान: सरसफाई, शिक्षा सुधार आ युवा रोजगारी जइसन पहल में युवा नेतृत्व बढ़त जा रहल बा।
स्थानीय चुनाव में भागीदारी: वडा सदस्य से मेयर तक नया नेतृत्व उभर सकेला।
काम आधारित राजनीति: जाति-धर्म से ऊपर उठके परिणाम आधारित सोच नया राजनीतिक संस्कृति बना सकेला।
चुनौती : पुरान सिस्टम बनाम नया ऊर्जा
हालाँकि, जेन–जी युवा खातिर राह आसान नइखे। स्थानीय राजनीति में परिवारवाद, पैसा के प्रभाव आ दलगत दबाव बड़ा बाधा बनल बा। संगठन के कमी, प्रशिक्षण के अभाव आ स्पष्ट रणनीति ना रहे से युवा ऊर्जा कई बेर बिखर जाला। एह चुनौती के पार करे खातिर एकजुटता, दीर्घकालीन सोच आ मजबूत नेतृत्व जरूरी बा।
अब के बार : गाँव से शहर तक बदलाव
नेपाल के निकास केवल संघीय संसद से ना, बल्कि स्थानीय तह से शुरू हो सकेला। वडा कार्यालय में पारदर्शिता, नगरपालिका में जवाफदेहिता आ गाउँपालिका में जनसहभागिता बढ़ावल अब समय के माँग बा। जेन–जी युवा के चाहीं कि आलोचना से आगे बढ़के स्थानीय योजना निर्माण, सामाजिक आन्दोलन आ स्वच्छ राजनीति में प्रत्यक्ष भागीदारी निभावें।
निष्कर्ष
राष्ट्रीय राजनीति के थकान अब स्थानीय तह तक फैल गइल बा। जनता बदलाव चाहतिया, आ एह बदलाव के असली ताकत जेन–जी युवा में मौजूद बा। अगर शहर से लेकर हर गाउँपालिका तक युवा जिम्मेदारी उठइहन, त नेपाल के राजनीति नया दिशा पकड़ सकेला। अब समय आ गइल बा — दर्शक बन के ना, बदलाव के अगुआ बन के आगे बढ़े के। ✍️ लेखक : श्रवण साह 

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।