पर्सा क्षेत्र नं. १ में कांग्रेस प्रत्याशी अनिल रूंगटा के भव्य घर-घर जनसम्पर्क कार्यक्रम सम्पन्न
पर्सा क्षेत्र नं. १ में कांग्रेस प्रत्याशी अनिल रूंगटा के भव्य घर-घर जनसम्पर्क कार्यक्रम सम्पन्न

पर्सा २६ माघ
पर्सा क्षेत्र नं. १ से नेपाली कांग्रेस के उम्मीदवार आ नेता अनिल रूंगटा के नेतृत्व में वीरगंज महानगरपालिका के श्रीपुर आ मुरली इलाका में भव्य घर-घर जनसम्पर्क कार्यक्रम सम्पन्न भइल बा।
घरदैलो कार्यक्रम के दौरान उम्मीदवार रूंगटा स्थानीय मतदातन से सीधा भेटघाट कइनी आ अपना राजनीतिक प्रतिबद्धता आ विकास योजना सभ के बारे में जानकारी देनी। कार्यक्रम में शामिल स्थानीय जनता, नेता आ कार्यकर्ता सभ आगामी चुनाव में रुख छाप पर मतदान क के अनिल रूंगटा के विजयी बनावे के अपील कइले।
कार्यक्रम में देखाइल जनउत्साह, सक्रिय सहभागिता आ साझा भरोसा से सहभागी सभ बतवलें कि पर्सा क्षेत्र नं. १ में “सुझबुझ के आवाज” अब खाली नारा ना रह गइल बा, बल्कि असली परिवर्तन के आधार बनत जा रहल बा।
ए कार्यक्रम में नेपाली कांग्रेस पर्सा के कार्यवाहक सभापति रामनारायण कुर्मी, पूर्व सभापति अजय दिवेदी, क्षेत्रीय सभापति अरबिन्द गुप्ता, उपसभापति अनिल सिंह, सचिव हरि यादव, पूर्व क्षेत्रीय सभापति विजय सर्राफ, हरिन्द्र यादव, मिन्टु सिंह, जितेन्द्र पुरुष, मनोजा चौधरी, किरण सरकार, सुरेन्द्र लामिछाने, रामनिवास यादव सहित नेपाल विद्यार्थी संघ, तरुण दल के नेता, वरिष्ठ नेता, कार्यकर्ता आ स्थानीय अगुवा सभ के उल्लेखनीय उपस्थिति रहल।






