धानुक टोला में रास्वपा उम्मीदवार सुशील कानु के घर-घर जनसम्पर्क, रोजगार आ विकास पर खास जोर
धानुक टोला में रास्वपा उम्मीदवार सुशील कानु के घर-घर जनसम्पर्क, रोजगार आ विकास पर खास जोर

वीरगंज, २७ माघ
पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ से राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के प्रतिनिधि सभा सदस्य पद के उम्मीदवार सुशील कुमार कानु आज पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका–४ अंतर्गत हरदिया हरदाशपुर स्थित धानुक टोला में घर-घर जनसम्पर्क अभियान पूरा कइले बाड़ें।
घरदैलो कार्यक्रम के दौरान उम्मीदवार कानु स्थानीय मतदाता सभ से सीधा मुलाकात आ संवाद करत अपना चुनावी एजेंडा पेश कइले। उ कहलन कि अगर ऊ प्रतिनिधि सभा सदस्य बनलें त नीतिगत ढंग से काम करत पर्सा जिला के समग्र विकास खातिर ठोस पहल करिहें।
उम्मीदवार कानु बतवले कि पर्सा जिला में शिक्षा, स्वास्थ्य, रोजगार आ पूर्वाधार से जुड़ल समस्या के समाधान नीतिगत सुधार से कइल जाई। खास करके विदेशी निवेश ले आवे, जिला में रोजगार के अवसर पैदा करे, युवा सभ के स्वरोजगार तरफ बढ़ावे आ आर्थिक गतिविधि के विस्तार करे उनकर प्रमुख प्राथमिकता बा।
ओही तरह उ शिक्षा आ स्वास्थ्य क्षेत्र में गुणस्तरीय सुधार के जरूरत पर जोर देत कहलन कि सबके पहुँचे लायक आ प्रभावी सेवा सुनिश्चित करे खातिर नीतिगत पहल कइल जाई। पर्सागढी क्षेत्र में पैदा होखे वाला तरकारी आ अन्य कृषि उपज के वीरगंज समेत देश के अलग-अलग बाजार तक आसानी से पहुँचावे के व्यवस्था बनावल भी उनकर प्राथमिकता में शामिल बा।
घर-घर अभियान के दौरान स्थानीय लोग अपना समस्या, जरूरत आ अपेक्षा उम्मीदवार के सामने राखलें। एह मौका पर उम्मीदवार कानु जनताके सुझाव के अपना चुनावी घोषणापत्र आ भविष्य के योजना में शामिल करे के भरोसा दिहलें।
स्थानीय लोग के बढ़िया सहभागिता के साथ सम्पन्न एह कार्यक्रम से रास्वपा जनतासँग सीधा संवाद करत विकास, सुशासन आ अवसर सृजन के केन्द्र में रख के आपन चुनावी अभियान तेज कइले जात बा।






