बाराके इनर्वासिरा में जसपा के चुनावी बिगुल तेज पुर्व मुख्यमन्त्री सोनल प्रतिनिधि सभा उम्मेदवार साह के उपस्थितिमे कार्यालय उद्घाटन, संगठन मजबूत करे के एलान
बाराके इनर्वासिरा में जसपा के चुनावी बिगुल तेज पुर्व मुख्यमन्त्री सोनल प्रतिनिधि सभा उम्मेदवार साह के उपस्थितिमे कार्यालय उद्घाटन, संगठन मजबूत करे के एलान

वीरगंज २७ माघ
जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वडा नम्बर–१९ इनर्वासिरा में जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) नेपाल के चुनाव प्रचार–प्रसार समिति कार्यालय आ जनसम्पर्क कार्यालय के उद्घाटन आ परिचयात्मक कार्यक्रम धूमधाम से सम्पन्न भइल बा।
कार्यक्रम में मधेस प्रदेश के पूर्व मुख्यमन्त्री जितेन्द्र सोनल आ प्रतिनिधि सभा सदस्य उम्मीदवार सन्जु साह के खास मौजूदगी रहल। एही मौका पर जसपा नेता घनश्याम गिरि, जगत नारायण महतो, सत्यनारायण साह, हीरालाल कुशवाहा, लोहा यादव, जगदीश साह, महेन्द्र यादव, बृजकिशोर साह, हिरालाल यादव समेत नेता–कार्यकर्ता आ समर्थक सभ के उल्लेखनीय सहभागिता देखे के मिलल।
वक्ता सभ आगामी चुनाव के ध्यान में रखत जसपा के एजेन्डा, मधेस के मुद्दा, सामाजिक न्याय, समावेशी विकास आ जनअधिकार पर पार्टी के स्पष्ट धारणा सामने राखलन। संगठन के जड़ तक मजबूत बनावे आ स्थानीय स्तर पर जनसम्पर्क बढ़ावे के प्रतिबद्धता भी दोहरावल गइल।
नेता सभ बतवलन कि स्थानीय तह तक संगठन विस्तार आ चुनावी गतिविधि के तेज बनावे खातिर ई कार्यालय खोलल गइल बा। उद्घाटन कार्यक्रम में देखाइल उत्साह आ भारी सहभागिता से इलाका में जसपा के चुनावी अभियान अउरी तेज होखे के संकेत मिलत बा।





